UP Weather : यूपी में आज आ काल्ह रही आंधी-तूफान के दौर, कइयन जिलन में बरखा आ वज्रपात के अलर्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 30, 2026

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में मौसम विभाग के ताजा पूर्वानुमान के अनुसार अगिला तीन दिन तक प्रदेश के अलग-अलग इलाकन में तेज आंधी-तूफान, गरज-चमक, बिजली गिरला आ बरखा के सिलसिला जारी रही। एकरा से जनजीवन आ

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में मौसम विभाग के ताजा पूर्वानुमान के अनुसार अगिला तीन दिन तक प्रदेश के अलग-अलग इलाकन में तेज आंधी-तूफान, गरज-चमक, बिजली गिरला आ बरखा के सिलसिला जारी रही। एकरा से जनजीवन आ खेती-दुनो पs असर पड़ सकेला।

मौसम वैज्ञानिकन के मोताबिक सक्रिय पश्चिमी विक्षोभ के चलते 31 मार्च तक मौसम अस्थिर बनल रही। खास कs के पश्चिमी यूपी के जिलन में 30 से 40 किमी प्रति घंटा के रफ्तार से तेज हवा चले के संभावना बा, संगही गरज-चमक के संगे बरखा हो सकेला।

आज पूरा प्रदेश में देखे के मिली असर

30 मार्च के मौसम के असर आउर बढ़ जाई। एह दिन पश्चिमी आ पूर्वी यूपी दुनो हिस्सन में कइयन जगह बरखा, गरज-चमक आ तेज हवा चलला के संभावना बा। हवा के रफ्तार 40 से 60 किमी प्रति घंटा तक पहुंच सकेला, जवन आम जनजीवन के प्रभावित कs सकेला।

31 मार्च के मध्य आ पूर्वी यूपी के जिलन में गरज-चमक आ बिजली गिरला के इस्थिति बनल रही। एकरा चलते लोगन के सतर्क रहला के जरूरत बा।

एह जिलन में खास अलर्ट जारी

मौसम विभाग मेरठ, सहारनपुर, शामली, मुजफ्फरनगर, बागपत आ बिजनौर जइसन जिलन में तेज हवा आ आकाशीय बिजली के लेके खास चेतावनी जारी कइले बा। 30 मार्च के लखनऊ सहित कइयन गो बड़ जिलन में एह मौसम के असर देखे के मिली।

तेज हवा के चलते पेड़, कमजोर मकान आ होर्डिंग्स के नुकसान हो सकेला। संगही बिजली गिरल जानलेवा साबित हो सकेला। लोगन के खराब मौसम में घर में रहे आ बेवजह बाहर ना निकले के सलाह दिहल गइल बा।

किसानन खातिर चेतावनी

बरखा आ तेज हवा से गेहूं, सरसों, चना आ मटर जइसन फसलन के नुकसान हो सकेला। किसान भाई लोग के सलाह बा कि पकल फसल जल्दी काट लीं आ खड़ा फसल के सहारा दे दीं, ताकि नुकसान कम हो सके।

Read Also: Gorakhpur University : राजनीति विज्ञान विभाग में अप्रिल में होई पुरातन छात्र परिषद सम्मेलन, तइयारियन पs चरचा खातिर भइल ऑनलाइन बैठक

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.