Tamil Nadu Election : तमिलनाडु के किंग बनलें विजय, अब किंगमेकर पs नजर… सरकार बनावे खातिर 10 सीट के जरूरत, समझीं पूरा समीकरण

Share

नई दिल्ली। तमिलनाडु विधानसभा चुनाव में अबकि बेर बहुत बड़ उलटफेर देखे के मिलल। दू साल पहिले बनल एक्टर विजय के पार्टी तमिलगा वेट्री कझगम (TVK) विधानसभा चुनाव में ऐतिहासिक प्रदर्शन कइले बिया। विजय के पार्टी टीवीके 108 सीट जीत के सबसे बड़ पार्टी बन के उभरल बिया।

बाकिर तमिलनाडु में अभियो कवनो पार्टी के पूरा बहुमत नइखे मिलल। थलापति विजय के टीवीके बहुमत से खाली 10 सीट दूर बिया। टीवीके सबसे बड़ी पार्टी बने के संगे राज्य में नया सरकार बनावे के हलचल तेज हो गइल बा। अब सबसे बड़ सवाल ई बा कि एक्टर विजय कवना पार्टी के संगे मिलके सरकार बनइहें, काहेकि बहुमत खातिर 118 सीट जरूरी बा।

दरअसल, सबसे बड़ पार्टी होखला के नाते टीवीके के राज्यपाल सरकार बनावे खातिर बोला सकत बाड़ें। पार्टी के अंदरूनी सूत्रन के भरोसा बा कि बाहर से समर्थन जरूर मिली।

सूत्रन के हवाले से खबर बा कि टीवीके, कांग्रेस सहित दोसर छोट दलन के संगे गठबंधन पs विचार करत बिया। इहो चरचा बा कि टीवीके अपन सहजोगी दलन के मंत्रिमंडल में जगह दे सकेला।

ई पार्टी कs सकेले समर्थन

जवना पार्टियन के समर्थन के बात चल रहल बा, ऊ सब द्रविड़ मुनेत्र कझगम (DMK) से जुड़ल बाड़ी सs- एमे कांग्रेस सामिल बिया, जवन पांच सीट जीतले बिया। ओकरा अलावे भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी (CPI), भारतीय कम्युनिस्ट पार्टी (मार्क्सवादी) (CPIM) आ विदुथलाई चिरुथैगल काची (VCK) के 2-2 सीट मिलल बा।

एकरा अलावे सरकार बनावे खातिर पट्टाली मक्कल काची (PMK) के समर्थनो अहम मानल जा रहल बा, जवना के लगे पांच सीट बा। हालांकि, ऑल इंडिया अन्ना द्रविड़ मुन्नेत्र कड़गम (AIADMK) से हाथ मिलावे के संभावना कम बा, काहे कि ऊ भारतीय जनता पार्टी (BJP) के संगे बिया, जवना के विजय आपन वैचारिक विरोधी बतवले बाड़ें।

का अल्पमत सरकार बन सकेला?

अब सबकर नजर राजभवन पs टिकल बा कि राज्यपाल विजय के अल्पमत सरकार बनावे के न्योता दिहें कि ना। काहे कि 2006 में डीएमके के अल्पमत सरकार बाहरी समर्थन से चलल रहे।

जल्दिये साफ होई इस्थिति

टीवीके के सबसे कम उमिर में चुनाव जीते वाला नेता रेवंत चरण कहले बाड़ें, “कवनो अस्थिरता के डर नइखे, हमनी के सरकार बनाएम सs।” ऊ इहो कहलें कि गठबंधन भा समर्थन के फैसला पार्टी के आलाकमान ली। जल्दिये सरकार बनावे के इस्थिति साफ हो जाई।

Read Also: Election Results : बंगाल में पहिला बेर भाजपा सरकार, तमिलनाडु में विजय के विक्ट्री, केरल में यूडीएफ को बहुमत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-