सेंट्रल डेस्क। पांच राज्य के विधानसभा चुनाव के नतीजा देस के राजनीति में बड़ बदलाव ले आइल बा। बंगाल में पहिला बेर भाजपा सरकार बने के राह साफ हो गइल बा। पार्टी 200 सीट से ऊपर पहुंच गइल बिया, जबकि ममता बनर्जी के पार्टी बहुत पीछे छूट गइल बिया। ई नतीजा बंगाल के राजनीति खातिर एगो बड़ मोड़ मानल जा रहल बा।
तमिलनाडु में अभिनेता से नेता बनल विजय के पार्टी टीवीके जबरदस्त प्रदर्शन कइले बिया। ऊ राज्य के सबसे बड़ी पार्टी बनके उभरल। बहुमत के आंकड़ा नजदीक बा आ द्रमुक अउर अन्नाद्रमुक दुनो पीछे रह गइल। विजय के नया छवि आ जनहित के वादा लोगन के खूब पसंद आइल।
केरल में कांग्रेस के अगुवाई वाला यूडीएफ के बहुमत मिलल बा। दस साल बाद इहां सत्ता बदलल बा। वाम दल के पकड़ एकदमे कमजोर पड़ गइल बा।
असम में भाजपा लगातार तीसरका बेर जीत हासिल कs के सत्ता में वापसी कइले बिया। हिमंता बिस्व सरमा के नेतृत्व में पार्टी बहुमत हासिल कइले बिया। विकास काम आ योजना के असर साफ दिख रहल बा। कांग्रेस इहां बहुत पीछे रह गइल।
पुडुचेरी में भाजपा गठबंधन आपन सत्ता बचा लेलस। कुल मिलाके ई चुनाव नतीजा बतावत बा कि देस में भाजपा के ताकत बढ़त जा रहल बा, जबकि क्षेत्रीय दल आ कांग्रेस के चुनौती बरकरार बा।
Read Also: 05 मई 2026 के राशिफल








