Maharshtra Politics : बेटा पार्थ संगे मुंबई पहुंचली सुनेत्रा पवार, आज बनिहें महाराष्ट्र के पहिला महिला उप मुख्यमंत्री

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 31, 2026

सेंट्रल डेस्क। दिवंगत एनसीपी प्रमुख अजित पवार के पत्नी आ राज्यसभा सांसद सुनेत्रा पवार आज महाराष्ट्र के उप मुख्यमंत्री पद के शपथ लेवे वाला बाड़ी। एह से सनिचर के सबेरे ऊ मुंबई पहुंच गइल बाड़ी।

Share

Sunetra Pawar arrives in Mumbai with her son Parth ahead of her oath-taking as Maharashtra Deputy Chief Minister

सेंट्रल डेस्क। दिवंगत एनसीपी प्रमुख अजित पवार के पत्नी आ राज्यसभा सांसद सुनेत्रा पवार आज महाराष्ट्र के उप मुख्यमंत्री पद के शपथ लेवे वाला बाड़ी। एह से सनिचर के सबेरे ऊ मुंबई पहुंच गइल बाड़ी। सुनेत्रा पवार अपना बेटा पार्थ संगे सबेरे दक्षिण मुंबई में इस्थित दिवंगत पति के सरकारी आवास देवगिरी पहुंचलीं।

दुपहरिया में एनसीपी विधायक दल के बैठक

62 बरिस के सुनेत्रा पवार महाराष्ट्र विधानमंडल के कवनो सदन के सदस्य नइखी। आज दुपहरिया मुंबई में होखे वाला बैठक में राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी (एनसीपी) के विधायक दल उनका के नेता चुनी लोग। एह तरे ऊ महाराष्ट्र के पहिला महिला डिप्टी सीएम के रूप में शपथ लेवे खातिर पूरा तरे से तइयार बाड़ी।

कैबिनेट मंत्री आ वरिष्ठ एनसीपी नेता छगन भुजबल बयान में कहलें कि सनिचर के दुपहरिया मुंबई में एनसीपी विधायक दल के बैठक होई, जहां सुनेत्रा पवार के नेता नामित कइल जाई।

पवार परिवार के फैसला के ना रहे जानकारी

बतावल जा रहल बा कि 28 जनवरी (बुध) के बारामती में भइल विमान हादसा में अजित पवार के निधन हो गइल रहे। उनका मौत के बाद एनसीपी आ शरद पवार के नेतृत्व वाला गुट के विलय के चरचा तेज हो गइल रहे। बाकिर एनसीपी (एसपी) आ शरद पवार परिवार से जुड़ल सूत्र बतावल लोग कि भाजपा के नेतृत्व वाली महायुति सरकार में सामिल होखे के फैसला के बारे में परिवार के कवनो जानकारी ना रहे।

सूत्रन के माेताबिक एनसीपी-एसपी नेतृत्व आ शरद पवार परिवार के सदस्यन के सुनेत्रा पवार के योजना के कवनो भनक तक ना रहे। एही बीच मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस कहलें कि सत्तारूढ़ गठबंधन महायुति, दिवंगत अजित पवार के परिवार आ एनसीपी के ओर से लिहल हर फैसला के समर्थन करी।

सीएम फडणवीस के बयान

सुक के नागपुर में मीडिया से बात करत मुख्यमंत्री देवेंद्र फडणवीस कहलें कि एनसीपी डिप्टी मुख्यमंत्री पद खातिर जवन फैसला ली, भाजपा ओकर समर्थन करी। हमनी के अजित दादा के परिवार आ एनसीपी के संगे खड़ा बानी सs।

लोकसभा चुनाव हार के राज्यसभा पहुंचली

बता दीं कि 2024 के लोकसभा चुनाव तक सुनेत्रा पवार खुद के राजनीति से दूर रखले रहली। बाद में ऊ बारामती से चुनाव लड़ली, बाकिर प्रतिष्ठा के एह लड़ाई में अपना ननद आ मवजूदा एनसीपी-एसपी सांसद सुप्रिया सुले से हार गइली। ओकरा बाद सुनेत्रा पवार के राज्यसभा खातिर चुनल गइल।

Read Also: Kishtwar Encounter : जम्मू-कश्मीर के किश्तवाड़ में गोलीबारी सुरू, सुरक्षाबल जैश के 3 आतंकियन के घेरलस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.