West Beangal CM Oath : सुवेंदु अधिकारी आज लिहें सीएम पद के शपथ, कोलकाता के ब्रिगेड मैदान में भव्य शपथ ग्रहण

By Anurag Ranjan

Published on: May 9, 2026

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के राजनीति में एगो ऐतिहासिक बदलाव होखे बदलाव होखे जा रहल बा। भाजपा सुवेंदु अधिकारी के बंगाल के नया मुख्यमंत्री चुन लेले बिया। सुक के केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के मवजूदगी

Share

Suvendu Adhikari

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के राजनीति में एगो ऐतिहासिक बदलाव होखे बदलाव होखे जा रहल बा। भाजपा सुवेंदु अधिकारी के बंगाल के नया मुख्यमंत्री चुन लेले बिया। सुक के केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के मवजूदगी में नवनिर्वाचित भाजपा विधायकन के बैठक में सुवेंदु अधिकारी के सर्वसम्मति से विधायक दल के नेता चुनल गइल। आज कोलकाता के ऐतिहासिक ब्रिगेड परेड ग्राउंड में भव्य समारोह के संगे ऊ मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहें।

नवनिर्वाचित 206 भाजपा विधायक (सुवेंदु दू सीट से जीतल बाड़ें) के बैठक में सुवेंदु अधिकारी के नाम प्रस्तावित कइल गइल, जवन सर्वसम्मति से मंजूर हो गइल। आज के शपथ ग्रहण समारोह में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, भाजपा शासित राज्यन के मुख्यमंत्री आ कइयन गाे गणमान्य लोग सामिल रही। ई समारोह ब्रिगेड मैदान में आयोजित होई।

विरोध में ना आइल कवनो दूसर नाम

न्यू टाउन इस्थित विश्व बांग्ला कन्वेंशन सेंटर में भइल एह महत्वपूर्ण बैठक खातिर अमित शाह के मुख्य पर्यवेक्षक बनावल गइल रहे। ओहिजा ओडिश के सीएम मोहन चरण मांझी सह-पर्यवेक्षक के रूप में मवजूद रहलें।

बैठक के बाद अमित शाह आधिकारिक घोषणा करत कहलें कि विधायक दल के नेता चुने के प्रक्रिया पूरा तरे लोकतांत्रिक रहल। आठ गो प्रस्ताव आइल, बाकिर सब में खाली सुवेंदु अधिकारी के नाम रहे। दूसरा नाम खातिर पर्याप्त समय दिहल गइल, बाकिर कवनो आउर दावेदार सामने ना आइल।

ममता के हरवला के मिलल इनाम

सुवेंदु अधिकारी के मुख्यमंत्री बनावे के सबसे बड़ा कारण रहल कि ऊ ममता बनर्जी के उनकरे गढ़ में मात दे देलें। 2021 में नंदीग्राम में ममता के हरवला के बाद अबकि बेर भवानीपुर में ऊ 15 हजार से जादे वोट से जीत हासिल कइले बाड़ें।

बंगाल के इतिहास में ई बहुत दुर्लभ उदाहरण बा, जब नेता प्रतिपक्ष सीधे मुख्यमंत्री के चुनाव में हरा देलस। भाजपा नेतृत्व साफ संदेश देले बा कि जे नेता जमीन पs संघर्ष करी आ बड़ प्रतिद्वंद्वी के चुनौती दी, कमान ओकरे हाथ में दिहल जाई।

राज्य में पैदा हो गइल रहे संवैधानिक संकट

चुनावी नतीजा अइला के बाद राज्य में अजीब संवैधानिक इस्थिति बन गइल रहे। सात मई के विधानसभा भंग होखला के बादो ममता बनर्जी हार स्वीकार करे आ इस्तीफा देवे से इनकार कs देली।

ऊ भाजपा पs जनादेश लूटे के आरोप लगावत कानूनी लड़ाई के चेतावनी देली। मुख्यमंत्री के इस्तीफा ना देला के कारण राज्यपाल आरएन रवि फिलहाल शासन के बागडोर अपना हाथ में लेले रहलें। हालांकि, सनिचर के सुवेंदु अधिकारी के शपथ लेते इस्थिति सामान्य हो गइला के उम्मेद बा।

शपथ ग्रहण के तइयारी पूरा

राज्य के 294 सीट में से भाजपा 207 सीट जीत के साफ बहुमत हासिल कइले बिया, जबकि तृणमूल कांग्रेस खाली 80 सीट पs सिमट गइल बिया। सनिचर के होखे वाला शपथ ग्रहण समारोह खातिर बंगाल भाजपा में जबरदस्त उत्साह बा।

अमित शाह सुक के दक्षिणेश्वर मंदिर में पूजा-अर्चना कइलें आ बंगाल के नया सफर खातिर मंगलकामना कइलें। सुवेंदु अधिकारी राज्यपाल से मिलके सरकार बनावे के दावा पेश कइलें। ऊ बंगाल के नउवां आ भाजपा के पहिला मुख्यमंत्री के रूप में जिम्मेदारी संभारिहें।

Read Also: CDS Appointment : लेफ्टिनेंट जनरल एनएस राजा सुब्रमणि होइहें देस के अगिला CDS, जनरल अनिल चौहान के लिहें जगह

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.