CDS Appointment : लेफ्टिनेंट जनरल एनएस राजा सुब्रमणि होइहें देस के अगिला CDS, जनरल अनिल चौहान के लिहें जगह

By Anurag Ranjan

Published on: May 9, 2026

नई दिल्ली : केंद्र सरकार लेफ्टिनेंट जनरल एनएस राजा सुब्रमणि के देस के अगिला चीफ ऑफ डिफेंस स्टाफ (सीडीएस) बनावे के घोषणा कs देले बिया। ऊ जनरल अनिल चौहान के जगह लिहें, जिनकर कार्यकाल 30

Share

NS Raja Subramani

नई दिल्ली : केंद्र सरकार लेफ्टिनेंट जनरल एनएस राजा सुब्रमणि के देस के अगिला चीफ ऑफ डिफेंस स्टाफ (सीडीएस) बनावे के घोषणा कs देले बिया। ऊ जनरल अनिल चौहान के जगह लिहें, जिनकर कार्यकाल 30 मई के खतम हो रहल बा।

लेफ्टिनेंट जनरल एनएस राजा सुब्रमणि एह समय राष्ट्रीय सुरक्षा परिषद सचिवालय में सैन्य सलाहकार के महत्वपूर्ण पद पs काम करत बाड़ें। ऊ 1 सितंबर 2025 से ई जिम्मेदारी संभालत बाड़ें।

एकरा से पहिले ऊ 1 जुलाई 2024 से 31 जुलाई 2025 तक सेना के उप प्रमुख रहलें। मार्च 2023 से जून 2024 तक ऊ केंद्रीय कमान के जनरल ऑफिसर कमांडिंग-इन-चीफ (जीओसी-इन-सी) के पद पs रहलें।

लेफ्टिनेंट जनरल सुब्रमणि के दिसंबर 1985 में गढ़वाल राइफल्स में कमीशन मिलल रहे आ भारतीय सेना में उनकर सेवा 37 साल से जादे के रहल बा।

अपना लमहर सैन्य करिअर में ऊ कइयन गो संघर्ष वाला इलाका आ कठिन भूभाग में सेवा दे चुकल बाड़ें। ऊ कइयन गो कमान, स्टाफ आ प्रशिक्षण से जुड़ल जिम्मेदारी निभवले बाड़ें। चीन आ पाकिस्तान सीमा पs काम करे के उनका बहुते अनुभव बा।

पढ़ाई आ प्रशिक्षण

लेफ्टिनेंट जनरल सुब्रमणि राष्ट्रीय रक्षा अकादमी (एनडीए) आ भारतीय सैन्य अकादमी (आईएमए) के स्नातक बाड़ें। ऊ यूनाइटेड किंगडम के ब्रैक्नेल में इस्थित जॉइंट सर्विसेज कमांड एंड स्टाफ कॉलेज आ नई दिल्ली के नेशनल डिफेंस कॉलेज से प्रशिक्षण लेले बाड़ें।

उनका लगे किंग्स कॉलेज लंदन से मास्टर ऑफ आर्ट्स के डिग्री बा, जबकि मद्रास विश्वविद्यालय से रक्षा अध्ययन में एम फिल कइले बाड़ें।

कइयन गो सम्मान से नवाजल जा चुकल बाड़ें

लेफ्टिनेंट जनरल सुब्रमणि के सानदार सेवा खातिर कइयन गो बड़ सम्मान मिल चुकल बा। एमे सामिल बा-

  • परम विशिष्ट सेवा पदक
  • अति विशिष्ट सेवा पदक
  • सेना पदक
  • विशिष्ट सेवा पदक

Read Also: 09 मई 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.