Satyapal Malik : जम्मू-कश्मीर के पूर्व राज्यपाल सत्यपाल मलिक के निधन, दिल्ली के RML अस्पताल में चलत रहे इलाज

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 5, 2025

नई दिल्ली। जम्मू-कश्मीर के पूर्व राज्यपाल सत्यपाल मलिक (Satyapal Malik) के मंगर के निधन हो गइल। उ दिल्ली के राम मनोहर लोहिया (आरएमएल) अस्पताल में मंगर के दुपहरिया 1 बजके 12 मिनट पs अंतिम सांस

Share

नई दिल्ली। जम्मू-कश्मीर के पूर्व राज्यपाल सत्यपाल मलिक (Satyapal Malik) के मंगर के निधन हो गइल। उ दिल्ली के राम मनोहर लोहिया (आरएमएल) अस्पताल में मंगर के दुपहरिया 1 बजके 12 मिनट पs अंतिम सांस लेलें।

79 साल के मलिक लमहर समय से बेमारी से जूझत रहस। उनका निधन से राजनीतिक गलियारन में शोक के लहर दउड़ गइल बा। मलिक के निधन के जानकारी उनका एक्स हैंडल से पोस्ट कs के दिहल गइल बा।

सत्यपाल मलिक के का बेमारी रहे?

11 मई के उनका पेशाब से जुड़ल समस्या होखला पs अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे। उ किड़नी के समस्या से जूझत रहस, एह वजह से उनका के आरएमएल अस्पताल के ICU में शिफ्ट करे के पड़ल रहे।

नेन्फ्रोलॉजी विभाग के अध्यक्ष डॉ. महापात्रा के देखरेख में उनकर इलाज चलत रहे। हालत बिगड़ला पs पिछला कइयन दिनन से उनका के वेंटिलेटर पs रखल गइल रहे। आरएमएल में उनकर मधुमेह, किडनी रोग आ हाइपरटेंशन के इलाज चलत रहे।

कई गो राज्यन में रहलें राज्यपाल

उ बिहार, गोवा, मेघालय आ जम्मू-कश्मीर के राज्यपाल के पद पs रह चुकल रहलें। उनका निधन पs देस के प्रमुख नेता एक्स पs पोस्ट कs शोक जतवले बा लो। उनका के देस एगो कुशल राजनीतिज्ञ के तौर पs जानत रहे।

6 साल पहिले हटल रहे अनुच्छेद 370

सत्यपाल मालिक ओह वक्त जम्मू कश्मीर के राज्यपाल रहस, जब 6 साल पहिले अनुच्छेद 370 खत्म भइल रहे। जवना कारण से जम्मू-कश्मीर के मिले वाला स्पेशल स्टेटस खत्म हो गइल रहे। एकरा बाद जम्मू-कश्मीर में बहुते सुधार देखे के मिलल रहे। एही कारण से राज्य में आतंकी घटनन में कमी देखल गइल।

Read Also: Shibu Soren: ‘सबसे कठिन दौर से गुजर रहल बानी, झारखंड के आत्मा के स्तंभ चल गइल’, शिबू सोरेन के निधन पs CM हेमंत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.