Kishtwar Encounter : जम्मू-कश्मीर के किश्तवाड़ में गोलीबारी सुरू, सुरक्षाबल जैश के 3 आतंकियन के घेरलस

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 31, 2026

जम्मू। जम्मू-कश्मीर के किश्तवाड़ जिला के दोलगाम इलाका में लुकाइल आतंकियन के सुरक्षाबल के लोग चारो ओर से घेर लेले बा। आतंकियन के मार गिरावे खातिर सुरक्षाबलन के ओर से एनकाउंटर सुरू कइल गइल बा।

Share

जम्मू। जम्मू-कश्मीर के किश्तवाड़ जिला के दोलगाम इलाका में लुकाइल आतंकियन के सुरक्षाबल के लोग चारो ओर से घेर लेले बा। आतंकियन के मार गिरावे खातिर सुरक्षाबलन के ओर से एनकाउंटर सुरू कइल गइल बा। अभी दुन्नो ओर से जबरदस्त गोलीबारी चल रहल बा।

अधिकारी लोग बतावल कि सनिचर के सबेरे सुरक्षाबलन के किश्तवाड़ के दोलगाम इलाका में छिपल आतंकियन से दोबारा संपर्क बनल। सेना के कहनाम बा कि ऑपरेशन के योजना बनावे आ जमीन पs लागू करे खातिर हर स्रोत से मिलल खुफिया जानकारी के सही तालमेल कइल गइल।

इलाका के घेराबंदी, गोलीबारी जारी

व्हाइट नाइट कोर एक्स (X) पs कइल पोस्ट में बतवलस कि जम्मू-कश्मीर में चल रहल जॉइंट ऑपरेशन ‘त्राशी-I’ के दौरान 31 जनवरी के सबेरे व्हाइट नाइट कोर, जम्मू-कश्मीर पुलिस आ सीआरपीएफ के जवान दोलगाम के सामान्य इलाका में आतंकियन से फेर से संपर्क में आ गइल लोग।

इलाका के चारो ओर से घेराबंदी कs दिहल गइल बा आ ऑपरेशन लगातार जारी बा। पिछिला पखवाड़ा में ई चउथा बेर बा जब एह इलाका में आतंकियन से संपर्क बनल बा। उत्तरी सेना कमांडर लेफ्टिनेंट जनरल प्रतीक शर्मा किश्तवाड़ के दौरा कs के आतंकवाद विरोधी ग्रिड के समीक्षा कइले बाड़ें। जिला में छिपल जैश-ए-मोहम्मद के तीन आतंकियन के खात्मा खातिर ई अभियान चल रहल बा।

अधिकारी लोग जानकारी दिहल कि चल रहल ऑपरेशन के दौरान राष्ट्र विरोधी तत्वन के दुरुपयोग रोके खातिर सिंहपोरा, चिंगम आ चतरू इलाका सहित करीब छव किलोमीटर के दायरा में मोबाइल इंटरनेट सेवा अस्थायी रूप से बंद कs दिहल गइल बा।

Read Also: Supreme Court : स्कूलन में मुफ्त सैनेटरी पैड देवे के आदेस, ना तs मान्यता रद्द होई

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.