Siwan News : सिवान में देर रात पुलिस आ बदमाशन के बीच भइल गोलीबारी, दू अपराधियन के पैर में लागल गोली, पटना रेफर

By Shweta Supriya

Published on: Mar 25, 2026

सिवान। सिवान के बसंतपुर थाना क्षेत्र के लहेजी गांव के नजदीक बीतल रात पुलिस आ बदमाशन में मुठभेड़ हो गइल। दूनो बदमाशन के गोड़ में गोली लागे के सूचना बा। फिलहाल दूनो के इलाज पटना

Share

सिवान। सिवान के बसंतपुर थाना क्षेत्र के लहेजी गांव के नजदीक बीतल रात पुलिस आ बदमाशन में मुठभेड़ हो गइल। दूनो बदमाशन के गोड़ में गोली लागे के सूचना बा।

फिलहाल दूनो के इलाज पटना में चलत बा। एसडीपीओ अमन बतवलें कि पुलिस के गुप्त सूचना मिलल रहे कि बदमाश कवनो घटना के अंजाम देचे के कोसिस में बाड़ें सs।

बदमाशन के गोड़ में लागल गोली

थानाध्यक्ष राजू कुमार के नेतृत्व में पुलिस टीम लहेजी के नजदीक पहुंच जांच सुरू कइलस। एही दौरान दूगो बदमाश पुलिस के निशाना बना गोली चलावे लगले सs। जवाबी कारवाई में दूनो बदमाशन के गोड़ के भाग में गोली लागल ।

कइयन गो लूट कांड में सामिल रहलें सs अपराधी

जानकारी के अनुसार, पुलिस एह अपराधियन के तलाश हैदराबाद ज्वेलरी लूटकांड, दारौंदा थाना के बगौरा ज्वेलरी लूटकांड, खोरी पाकड़ ज्वेलरी लूटकांड, बसंतपुर ज्वेलरी लूटकांड सहित आउर कांड में तलाशत रहे।

एसपी पूरन कुमार झा बतवलें कि अभी पता लगावल जा रहल बा कि आउर केतना ममिला एह अलग-अलग थाना क्षेत्रन में दर्ज कइल गइल बा।

Read Also: Delhi Karol Bagh Accident : झंडेवालान मंदिर के लगे स्लीपर बस पलटल, दू लोग के मौत, 23 घायल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.