Delhi Karol Bagh Accident : झंडेवालान मंदिर के लगे स्लीपर बस पलटल, दू लोग के मौत, 23 घायल

By Shweta Supriya

Published on: Mar 25, 2026

नई दिल्ली। दिल्ली के कराेल बाग इलाका में झंडेवालान मंदिर के लगे एगो स्लीपर टूरिस्ट बस अनियंत्रित होके पलट गइल। एह हादसा में दू लोग के मौत हो गइल, जबकि 23 यात्री घायल हो गइलें।

Share

नई दिल्ली। दिल्ली के कराेल बाग इलाका में झंडेवालान मंदिर के लगे एगो स्लीपर टूरिस्ट बस अनियंत्रित होके पलट गइल। एह हादसा में दू लोग के मौत हो गइल, जबकि 23 यात्री घायल हो गइलें। पुलिस आ स्थानीय लोगन के मदद से बस में फंसल यात्रियन के बाहर निकाल के अस्पताल भेजल गइल।

पुलिस के अनुसार 25 मार्च 2026 के करीब 1:05 बजे पीसीआर कॉल से सूचना मिलल कि करोल बाग में एगो बस पलट गइल बा आ कइयन गो लोग घायल बा। ई बस जयपुर से दिल्ली के फतेहपुरी आ सदर बाजार जात रहे, जवना में करीब 30 यात्री सवार रहे लोग।

स्थानीय लोग आ पुलिस मिलके चलावल रेस्क्यू

सूचना मिलतही पुलिस टीम मवका पs पहुंचल। बस पलटल हालत में रहे आ कइयन गो यात्री अंदर फंसल मदद खातिर चिल्लात रहे लोग। पुलिस तुरंत एगो जेसीबी मशीन रुकवाके स्थानीय लोगन के मदद से बस के तनिका उठववलस आ सीमेंट ब्लॉक से सहारा देके रेस्क्यू ऑपरेशन सुरू कइलस।

सबसे पहिले करीब 10 गंभीर घायलन के एंबुलेंस से सर गंगाराम अस्पताल भेजल गइल। बाद में बाकी यात्रियन के सुरक्षित बाहर निकालल गइल।

दूगो यात्री के मौत

कुल 23 घायलन के अलग-अलग अस्पताल में भरती करावल गइल। एमे से 12 के राम मनोहर लोहिसा अस्पताल ले जाइल गइल, जहां दूगो आदमी के मौत हो गइल। 10 घायलन के सर गंगाराम अस्पताल आ एगो के लेडी हार्डिंग मेडिकल कॉलेज भेजल गइल।

मृतक में से एगो के पहचान शहबाज आलम (30) के रूप में भइल बा, जवन बिजनौर के धामपुर गांव के रहे। दूसरका मृतक के पहचान अभी तक नइखे हो सकल।

ड्राइवर हिरासत में, जांच जारी

बस चालक पंकज कुमार (26), जवन राजस्थान के अलवर के रहवासी हs, उहो घायल बा आ इलाज चल रहल बा। पुलिस चालक के हिरासत में ले लेले बिया आ पूरा ममिला के जांच कइल जा रहल बा।

Read Also: Middle East War : अब खतम होई मिडिल-ईस्ट में जंग? ट्रंप के प्रस्ताव के बाद ईरान अमेरिका के सामने रखलस शर्त

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.