Share Market : शेयर बाजार में भारी गिरावट, सेंसेक्स 600 अंक से जादे लुढ़कल, निफ्टी 23,250 के नीचे

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 24, 2026

बिजनेस डेस्क। भारतीय शेयर बाजार में बियफे के कारोबार के सुरुआत भारी बिकवाली के संगे भइल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 600 अंक से जादे टूट गइल, जबकि निफ्टियो 23,250 के नीचे फिसल गइल। बैंकिंग आ

Share

बिजनेस डेस्क। भारतीय शेयर बाजार में बियफे के कारोबार के सुरुआत भारी बिकवाली के संगे भइल। सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स 600 अंक से जादे टूट गइल, जबकि निफ्टियो 23,250 के नीचे फिसल गइल। बैंकिंग आ वित्तीय कंपनियन के शेयर में सबसे जादे दबाव देखे के मिलल। एकरा संगे मिडकैप आ स्मॉलकैप शेयर में बिकवाली तेज रहल।

सबेरे करीब 9:36 बजे सेंसेक्स 526.98 अंक माने 0.70 फीसदी गिरके 74,301.27 अंक पs कारोबार करत रहे। ओहिजा निफ्टी 178 अंक माने 0.76 फीसदी के गिरावट के संगे 23,268.80 अंक पs आ गइल। कारोबार के सुरुआत में सेंसेक्स 600 अंक से जादे नीचे चल गइल रहे।

बाजार में गिरावट के चार प्रमुख कारण

बाजार में एह गिरावट के पीछे कइयन गो घरेलू आ वैश्विक कारण बतावल जा रहल बा। एकरा में बॉन्ड यील्ड में तेज उछाल, अमेरिकी फेडरल रिजर्व के ब्याज दर के लेके बदलत उम्मीद, कच्चा तेल के दाम में तेजी आ कमजोर वैश्विक संकेत प्रमुख बा।

बॉन्ड यील्ड में बढ़न्ती से निवेशकन के निश्चित आमदनी वाला साधन आकर्षक लाग सकेला, जवना से शेयर बाजार पs दबाव बढ़ेला। रिपोर्ट के मोताबिक बॉन्ड यील्ड 19 साल के ऊंचाई पs पहुंच गइल बा।

ओहिजा, अमेरिकी ब्याज दर के लेके अनिश्चितता के असर वैश्विक बाजार पs पड़ रहल बा। कच्चा तेल के दाम में तेजी भारत खातिर खास चिंता के विषय बा, काहे कि देस अपना जरूरत के बड़ हिस्सा तेल आयात से पूरा करेला। तेल महंगा होखे से आयात लागत बढ़ सकेला।

सब सेक्टर लाल निशान में

बियफे के सुरुआती कारोबार में सब सेक्टोरल इंडेक्स लाल निशान में रहल। निफ्टी प्राइवेट बैंक आ निफ्टी फाइनेंशियल सर्विसेज में करीब 2 फीसदी के गिरावट देखे के मिलल। निफ्टी मिडकैप 100 आ स्मॉलकैप 100 करीब 1-1 फीसदी नीचे आ गइल।

आगे निवेशक बॉन्ड यील्ड, अमेरिकी फेड के संकेत, कच्चा तेल के दाम आ वैश्विक शेयर बाजार के चाल पर नजर रखी लो।

Read Also: New Delhi : अक्षरधाम कांड: गुनहगार के बा? 24 साल बादो जांच एजेंसियन के हाथ खाली

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.