बिजनेस डेस्क। वैश्विक बाजार से मिलल कमजोर संकेत आ बैंकिंग आउर ऑटो शेयर में तेज बिकवाली के चलते मंगर के भारतीय शेयर बाजार में दबाव देखे के मिलल। कमजोर सुरुआत के बाद कारोबार बढ़ला के संगे बाजार में लाल निशान अउरी गहिराह हो गइल।
दिन के कारोबार में निफ्टी 22,700 के अहम सपोर्ट लेवल के नीचे फिसल गइल, जबकि सेंसेक्स में 488 अंक से जादे के गिरावट दर्ज भइल। HDFC बैंक, टाटा मोटर्स आ ICICI बैंक जइसन बड़ शेयर में बिकवाली के असर बाजार के धारणा पs पड़ल।
सेंसेक्स 488 अंक टूटल, निफ्टी 22,700 के नीचे
सुरुआती कारोबार से बाजार में बिकवाली के दबाव बनल रहल। बॉम्बे स्टॉक एक्सचेंज (BSE) के सेंसेक्स 488.35 अंक माने 0.67 फीसदी गिरके 72,283.37 के स्तर पs आ गइल। ओहिजा, नेशनल स्टॉक एक्सचेंज (NSE) के निफ्टी 146.05 अंक माने 0.64 फीसदी फिसल के 22,634.10 के स्तर पs कारोबार करत देखाई पड़ल।
बाजार में तेजी आ गिरावट वाला शेयरन के बीच कांटा के मुकाबला रहल। करीब 920 शेयर में तेजी, जबकि 864 शेयर में गिरावट दर्ज भइल। 174 शेयर बिना कवनो बदलाव के इस्थिर रहल।
टॉप लूजर्स : टाटा मोटर्स PV आ HDFC बैंक में गिरावट
मंगर के कारोबार में ऑटो, बैंकिंग आ मेटल शेयर पs सबसे जादे दबाव देखे के मिलल। ऑटो शेयर में बिकवाली के चलते टाटा मोटर्स PV के शेयर में तेज गिरावट दर्ज भइल। प्राइवेट बैंकिंग सेक्टर में बिकवाली के असर HDFC बैंक आ ICICI बैंक के शेयर पs पड़ल। एकरा अलावे मेटल आ NBFC शेयर में कमजोरी के चलते बजाज फाइनेंस आ टाटा स्टील टॉप लूजर्स में साामिल रहे।
टॉप गेनर्स : फार्मा आ IT शेयर से मिलल सहारा
बाजार में व्यापक बिकवाली के बादो फार्मास्यूटिकल, कुछ चुनिंदा IT आ कंज्यूमर शेयर बाजार के संभारे के कोसिस कइलस। हेल्थकेयर आ फार्मा सेक्टर में खरीदारी के चलते डॉ. रेड्डीज लैब्स आ सिप्ला के शेयर टॉप गेनर्स में रहलें। IT सेक्टर में HCL टेक बढ़त बनाये रखलस। ओहिजा, पावर आ कंज्यूमर प्रोडक्ट्स से जुड़ल NTPC आ टाटा कंज्यूमर के शेयर में खरीदारी के रुझान देखे के मिलल।
सेक्टोरल इंडेक्स के हाल
सेक्टर आधारित कारोबार के बात करीं तs निफ्टी फार्मा के छोड़ के लगभग सब प्रमुख इंडेक्स लाल निशान में रहल। फार्मा इंडेक्स 0.80 फीसदी चढ़ के 26,976.15 के स्तर पs पहुंच गइल। दूसरका ओर, निफ्टी IT (-0.55 फीसदी), निफ्टी FMCG (-0.55 फीसदी), निफ्टी सर्विसेज (-0.52 फीसदी), निफ्टी MNC (-0.45 फीसदी) आ निफ्टी बैंक (-0.41 फीसदी) में गिरावट दर्ज भइल। एकरा अलावे रियल्टी, इंफ्रा, एनर्जी आ PSU बैंक इंडेक्स में कमजोरी के रुझान देखे के मिलल।
Read Also: UP News : यूपी में बड़ प्रशासनिक कार्रवाई, सीनियर PCS अफसर हरिश्चन्द्र बर्खास्त, जानीं वजह







No comments yet. Be the first to comment!