UP News : यूपी में बड़ प्रशासनिक कार्रवाई, सीनियर PCS अफसर हरिश्चन्द्र बर्खास्त, जानीं वजह

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 29, 2026

लखनऊ। उत्तर प्रदेश सरकार बड़ प्रशासनिक कार्रवाई करत 1997 बैच के सीनियर PCS अफसर हरिश्चन्द्र के सेवा से बर्खास्त कs देले बिया। ई ममिला नोएडा प्राधिकरण में तैनाती के दौरान करीब 4,000 करोड़ रुपिया के

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश सरकार बड़ प्रशासनिक कार्रवाई करत 1997 बैच के सीनियर PCS अफसर हरिश्चन्द्र के सेवा से बर्खास्त कs देले बिया। ई ममिला नोएडा प्राधिकरण में तैनाती के दौरान करीब 4,000 करोड़ रुपिया के लीजबैक भूखंड आवंटन घोटाला से जुड़ल बतावल जा रहल बा।

PCS अफसर हरिश्चन्द्र के खिलाफ निगेटिव रिपोर्ट अइला के बाद यूपी सरकार के नियुक्ति विभाग उनकर बर्खास्तगी के आदेस जारी कइले बा।

हरिश्चन्द्र पs आरोप रहे कि नोएडा प्राधिकरण में तैनाती के दौरान नियम-कायदा के अनदेखी करत लीजबैक करावल गइल। ममिला सामने अइला के बाद अधिकारी के खिलाफ जांच सुरू भइल रहे। जांच में उनका खिलाफ निगेटिव रिपोर्ट अइला के बाद सरकार कार्रवाई करत सेवा से बर्खास्त करे के फैसला लेलस। ई कार्रवाई उत्तर प्रदेश के प्रशासनिक महकमा में महत्वपूर्ण मानल जा रहल बा।

Read Also: 29 सितंबर 2026 के राशिफल

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.