Ratlam Tazia Accident : रतलाम में मुहर्रम जुलूस में बड़ हादसा, हाईटेंशन तार से टकराइल ताजिया, 3 के मौत, 20 से जादे लोग झुलसल

By Shweta Supriya

Published on: Jun 26, 2026

रतलाम। मध्य प्रदेश के रतलाम जिला में मुहर्रम जुलूस के दौरान एगो दर्दनाक हादसा सामने आइल बा। हतनारा गांव में ताजिया ले जात घरी ऊ 11 केवी हाईटेंशन बिजली लाइन के संपर्क में आ गइल,

Share

Ratlam Muharram Procession Tazia Accident Due to High Tension Wire

रतलाम। मध्य प्रदेश के रतलाम जिला में मुहर्रम जुलूस के दौरान एगो दर्दनाक हादसा सामने आइल बा। हतनारा गांव में ताजिया ले जात घरी ऊ 11 केवी हाईटेंशन बिजली लाइन के संपर्क में आ गइल, जवना से करंट फइल गइल। एह हादसा में अब तक तीन लोगन के मौत के खबर बा, जबकि 20 से जादे लोग झुलस गइल बा।

घटना पिपलौदा थाना क्षेत्र के हतनारा गांव के बतावल जा रहल बा। जानकारी के मोताबिक, मुहर्रम के अवसर पs करीब 200 लोग ताजिया लेके जुलूस में सामिल रहलें। जुलूस पंचमुखी महादेव मंदिर के लगे से गुजरत रहे, तबे करीब 10 फीट ऊंच ताजिया ऊपर से गुजरत हाईटेंशन तार से टकरा गइल।

करंट फइलतही मच गइल अफरा-तफरी

ताजिया के बिजली तार से संपर्क होखतही पूरा ढांचा में करंट दउड़ गइल। ताजिया के कंधा दे रहल लोग एक-एक कs के करंट के चपेट में आ गइल। कुछे पल में खुसी के माहौल चीख-पुकार में बदल गइल।

स्थानीय लोग तुरंत घायलन के अस्पताल पहुंचावल। गंभीर रूप से घायल लोगन के रतलाम मेडिकल कॉलेज अस्पताल रेफर कइल गइल। इलाज के दौरान एगाे व्यक्ति के मौत के पुष्टि भइल बा, जबकि दुगाे आउर गंभीर घायल लोग के निजी अस्पताल में मौत के सूचना मिलल बा। हालांकि प्रशासन के ओर से सब मौतन के आधिकारिक पुष्टि के इंतजार बा।

प्रशासन पहुंचल मवका पs, जांच सुरू

हादसा के जानकारी मिलतही पुलिस, प्रशासन आ बिजली विभाग के अधिकारी घटनास्थल पs पहुंचल। क्षेत्र में सुरक्षा बेवस्था बढ़ा दिहल गइल बा। प्रशासन घटना के कारणन के जांच सुरू कs देले बा।

अधिकारियन के मोताबिक, घायलन के इलाज जारी बा आ राहत-बचाव कार्य चल रहल बा। प्रारंभिक जांच में सामने आइल बा कि ताजिया के ऊपरी हिस्सा काफी ऊंच रहे, जवन हाईटेंशन लाइन के संपर्क में आ गइल।

मुहर्रम जुलूस में सुरक्षा इंतजाम आ बिजली लाइन से दूरी के मुद्दा पs अब प्रशासन समीक्षा कs रहल बा, ताकि भविष्य में अइसन घटना से बचाव हो सके।

Read Also: Kaushambi News : कौशांबी में LPG टैंकर में भयानक आग, टोल बूथ से टकरइला पs 5 कर्मचारी गंभीर रूप से झुलसलें

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.