Kaushambi News : कौशांबी में LPG टैंकर में भयानक आग, टोल बूथ से टकरइला पs 5 कर्मचारी गंभीर रूप से झुलसलें

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 26, 2026

कौशांबी। उत्तर प्रदेश के कौशांबी जिला में सुक के सबेरे बड़ हादसा हो गइल। कोखराज थाना क्षेत्र के सिरोही टोल प्लाजा के लगे एलपीजी गैस से भरल टैंकर में अचानक आग लाग गइल। आग लगला

Share

Kaushambi LPG Tanker Fire Accident at Sirihi Toll Plaza

कौशांबी। उत्तर प्रदेश के कौशांबी जिला में सुक के सबेरे बड़ हादसा हो गइल। कोखराज थाना क्षेत्र के सिरोही टोल प्लाजा के लगे एलपीजी गैस से भरल टैंकर में अचानक आग लाग गइल। आग लगला के बाद बेकाबू टैंकर टोल बूथ से टकरा गइल, जवना से पांच टोल कर्मचारी गंभीर रूप से झुलस गइलें।

जानकारी के मोताबिक, एलपीजी से भरल टैंकर कानपुर के ओर से गंगा पार क्षेत्र के तरफ जात रहे। सबेरे करीब साढ़े छव बजे जब टैंकर सिरोही टोल प्लाजा के नजदीक पहुंचल, तबे एलपीजी लीकेज के कारण अचानक आग पकड़ लेलस। देखते देखत आग विकराल रूप धारण कs लेलस।

पांच कर्मचारी झुलसलें

आग लगला के बाद चालक टैंकर पs नियंत्रण ना रख सकल आ टैंकर सीधे टोल बूथ से जा टकराइल। हादसा के समय बूथ के भीतर मवजूद पांच कर्मचारी आग के चपेट में आ गइलें। झुलसल कर्मचारियन में हीरामणि, आलोक, कृष्ण पाल, अतुल आ गनमैन राजू सामिल बाड़ें।

हादसा के बाद टोल प्लाजा पर अफरातफरी मच गइल। बूथ में मौजूद करीब आठ से दस अन्य कर्मचारियों ने भागकर आपन जान बचा लिहलें। गंभीर रूप से घायल कर्मचारियों के तत्काल इलाज खातिर जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

कइयन गो वाहन जलके राख

टैंकर में लागल भीषण आग के कारण टोल प्लाजा परिसर में खड़ा कइयन गो वाहन एकरा चपेट में आ गइल। टोल कर्मचारियन के कइयन गो दोपहिया आ चार पहिया वाहन जलके क्षतिग्रस्त हो गइल। घटना के सूचना मिलतही कोखराज थाना सहित कइयन थाना के पुलिस बल मवका पs पहुंच गइल। पुलिस सुरक्षा के लिहाज से आसपास के करीब आधा किलोमीटर क्षेत्र के घेराबंदी कs देलस।

आवागमन रोक के चलावल गइल राहत कार्य

पुलिस प्रशासन टोल प्लाजा के आसपास यातायात रोक दिहल बा, ताकि राहत आ बचाव कार्य में परेसानी ना होखे। दमकल टीम मवका पs पहुंचके आग बुझावे में जुट गइल। फिलहाल हादसा के कारणन आ एलपीजी लीकेज के वजह के जांच कइल जा रहल बा।

प्रशासन के ओर से घायल कर्मचारियन के बेहतर इलाज उपलब्ध करावे के निरदेस दिहल गइल बा। हादसा के बाद टोल प्लाजा क्षेत्र में सुरक्षा बेवस्था कड़ा कs दिहल गइल बा।

Read Also: Venezuela Earthquake : वेनेजुएला में भूकंप से भारी तबाही, 235 लोगन के मौत के बाद मलबा में चल रहल बा बचाव अभियान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.