अयोध्या। राम नगरी अयोध्या इस्थित श्रीराम जन्मभूमि मंदिर में चढ़ावा चोरी के कथित ममिला में सुक के बड़ घटनाक्रम सामने आइल बा। श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के महासचिव चंपत राय आ ट्रस्ट सदस्य अनिल मिश्रा आपन पद से इस्तीफा दे देले बाड़ें।
राम मंदिर निर्माण समिति के अध्यक्ष नृपेंद्र मिश्र दिल्ली में चंपत राय आ अनिल मिश्रा के इस्तीफा के पुष्टि कइले बाड़ें। ई फैसला ओह समय आइल बा, जब चढ़ावा प्रबंधन में कथित अनियमितता के जांच कs रहल एसआईटी के प्रारंभिक रिपोर्ट के आधार पs एफआईआर दर्ज हो चुकल बा।
चढ़ावा चोरी ममिला में आठ लोगन पs दर्ज भइल मुकदमा
राम मंदिर में भक्तन के चढ़ावा राशि के संग्रहण आ प्रबंधन से जुड़ल कथित गड़बड़ी के जांच के बाद ट्रस्ट के ओर से एफआईआर दर्ज करावल गइल। मुकदमा ट्रस्ट सदस्य कृष्ण मोहन के शिकायत पs दर्ज भइल बा।
एफआईआर में चंपत राय के ड्राइवर टिन्नू यादव सहित आठ लोगन के आरोपी बनावल गइल बा। जांच एजेंसी अब चढ़ावा प्रबंधन, हिसाब-किताब, वित्तीय लेनदेन आ आउर पहलुअन के जांच कs रहल बाड़ी सs।
बतावल जा रहल बा कि एसआईटी के सुरुआती जांच में भक्तन के चढ़ावा के रखरखाव आ निगरानी 9 बेवस्था में कुछ गंभीर अनियमितता के बात सामने आइल रहे। एह रिपोर्ट के बाद पुलिस कानूनी कार्रवाई सुरू कइलस।
ममिला सामने अइला के बाद निष्पक्ष जांच खातिर ट्रस्ट पदाधिकारियन के भूमिका पs सवाल उठावल जात रहे। कुछ लोग मांग करत रहे कि जांच पूरा होखे तक जिम्मेदार पद पs मवजूद लोग अलग हो जावs।
निष्पक्ष जांच पे रही निगाह
चंपत राय लमहर समय से श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट में महत्वपूर्ण जिम्मेदारी निभावत आ रहल बाड़ें। अब इस्तीफा के बाद पूरा ममिला आउर चरचा में आ गइल बा।
फिलहाल जांच एजेंसी एफआईआर में नामजद आरोपियन के भूमिका, दस्तावेज आ आउर सबूतन के आधार पs आगे के कार्रवाई करे में जुटल बाड़ी सs। राम मंदिर चढ़ावा प्रकरण में आवे वाला समय में जांच के दिशा पs सब केहू के नजर टिकल बा।









