Arvind Kejriwal : अयोध्या में रामलला के दरबार पहुंचलें अरविंद केजरीवाल, देस के सुख-समृद्धि खातिर कइले प्रार्थना

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 26, 2026

अयोध्या। आम आदमी पार्टी (AAP) के राष्ट्रीय संयोजक आ दिल्ली के पूर्व मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल सुक के पवित्र नगरी अयोध्या पहुंचलें। उहां पहुंचला के बाद ऊ राम मंदिर में रामलला के दर्शन-पूजन कइलें आ देसवासियन

Share

Arvind Kejriwal Visits Ram Mandir Ayodhya for Ram Lalla Darshan

अयोध्या। आम आदमी पार्टी (AAP) के राष्ट्रीय संयोजक आ दिल्ली के पूर्व मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल सुक के पवित्र नगरी अयोध्या पहुंचलें। उहां पहुंचला के बाद ऊ राम मंदिर में रामलला के दर्शन-पूजन कइलें आ देसवासियन के सुख, शांति आ समृद्धि खातिर भगवान से प्रार्थना कइलें।

अरविंद केजरीवाल के संगे आम आदमी पार्टी के राज्यसभा सांसद संजय सिंह मवजूद रहलें। सबेरे करीब 11 बजे केजरीवाल रामलला के दरबार में पहुंचलें, जहां विधि-विधान से पूजा-अर्चना कइलें।

रामलला दर्शन के बाद हनुमानगढ़ी जाये के बा कार्यक्रम

दर्शन से पहिले अरविंद केजरीवाल कहलें कि अयोध्या आके भगवान राम के दर्शन कइल उनका खातिर सौभाग्य के बात बा। ऊ कहलें कि रामलला से देस के हर नागरिक के खुसहाली, तरक्की आ सुख-समृद्धि के कामना करीं।

केजरीवाल बतवलें कि राम मंदिर में दर्शन के बाद ऊ प्रसिद्ध हनुमानगढ़ी मंदिर जाके पूजा-पाठ करिहें। एकरा बाद उनकर कार्यक्रम संत-महात्मा लोग से भेंट करे के बा।

अयोध्या दौरा पs पार्टी कार्यकर्ता रहल लोग मवजूद

पूर्व मुख्यमंत्री के अयोध्या दौरा के दौरान आम आदमी पार्टी के कइयन गो पदाधिकारी आ कार्यकर्ता मवजूद रहे लोग। पार्टी कार्यकर्ता लोग उनकर स्वागत कइल।

केजरीवाल अयोध्या पहुंचला के बाद राम मंदिर से जुड़ल कथित चोरी के ममिला पs चिंता जतवलें। हालांकि, उनका दौरा के मुख्य उद्देश्य रामलला के दर्शन आ धार्मिक कार्यक्रम रहे।

सांझ में करिहें पत्रकार वार्ता

अरविंद केजरीवाल बतवलें कि दर्शन-पूजन के बाद ऊ सांझ के करीब चार बजे पत्रकार वार्ता के संबोधित करिहें। अयोध्या दौरा के दौरान ऊ धार्मिक आ सामाजिक मुद्दा पs आपन बात रख सकत बाड़ें। रामनगरी अयोध्या में केजरीवाल के पहुंचला से राजनीतिक गलियारन में चरचा तेज हो गइल बा।

Read Also: Ratlam Tazia Accident : रतलाम में मुहर्रम जुलूस में बड़ हादसा, हाईटेंशन तार से टकराइल ताजिया, 3 के मौत, 20 से जादे लोग झुलसल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.