पटना। बिहार के पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के 10 सर्कुलर रोड इस्थित सरकारी आवास खाली करे के प्रक्रिया अब तेज हो गइल बा। राज्य सरकार के ओर से 29 जून तक बंगला खाली करे के अंतिम समय सीमा तय कइल गइल बा। एह बीच आवास से सीसीटीवी कैमरा हटावल आ सामान के पैकिंग सुरू होखे से शिफ्टिंग के तइयारी अंतिम दौर में पहुंचत नजर आ रहल बा।
हटावल गइल सीसीटीवी कैमरा
सुक के 10 सर्कुलर रोड इस्थित आवास के अंदर आ बाहर लागल सीसीटीवी कैमरा खोल दिहल गइल। एकरा संगे सामान पैक करे खातिर कार्टन मंगावल गइल। एह गतिविधियन से संकेत मिल रहल बा कि करीब 20 साल पुरान एह सरकारी आवास से लालू-राबड़ी परिवार के स्थानांतरण जल्द हो सकेला।
39 हार्डिंग रोड वाला नया बंगला तइयार
राबड़ी देवी आ परिवार खातिर 39 हार्डिंग रोड इस्थित नया सरकारी आवास में मरम्मत आ रंग-रोगन के काम तेजी से चल रहल बा। हालांकि परिवार कब तक नया आवास में शिफ्ट करी, एह बारे में अभी आधिकारिक जानकारी सामने नइखे आइल।
नया बंगला के रंग बदलल चरचा के विषय बनल बा। पहिले भगवा रंग में नजर आवे वाला एह आवास के अब हरा रंग में रंग दिहल गइल बा। राजनीतिक गलियारा में एकरा के राष्ट्रीय जनता दल (RJD) से जोड़के देखल जा रहल बा।
सरकार दे चुकल बिया अंतिम नोटिस
भवन निर्माण विभाग 22 जून के जारी नोटिस में 29 जून तक बंगला खाली करे के निरदेस देले बा। विभाग के कहनाम बा कि एकरा से पहिले कइयन बेर नोटिस जारी कइल गइल, बाकिर आवास खाली ना भइल। समय सीमा पूरा होखे के बाद बिहार सरकारी परिसर अधिनियम के तहत कार्रवाई के चेतावनी दिहल गइल बा।
नया आवंटी के अब तक ना मिलल कब्जा
10 सर्कुलर रोड वाला सरकारी आवास अब डेयरी, मत्स्य आ पशु संसाधन विभाग के मंत्री नंदकिशोर राम के नाम आवंटित हो चुकल बा। हालांकि पुरान आवास खाली ना होखे के कारण नया आवंटी के कब्जा अब तक नइखे पवले।
लालू यादव के स्वास्थ्य खातिर मांगल गइल रहे समय
राबड़ी देवी पहिले सरकार के पत्र लिख के बतवले रहली कि लालू प्रसाद यादव के स्वास्थ्य इस्थिति ठीक नइखे। डॉक्टर संक्रमण, पेंट आ रासायनिक गंध से बचाव के सलाह देले बाड़ें। एह कारण नया आवास में लालू यादव खातिर अलग कमरा आ विशेष बेवस्था कइल जा रहल बा।
20 साल बाद बदलल लालू परिवार के ठिकाना
साल 2005 में पूर्व मुख्यमंत्री के रूप में राबड़ी देवी के 10 सर्कुलर रोड आवास मिलल रहे। तब से लालू प्रसाद यादव, राबड़ी देवी आ परिवार के कइयन गो सदस्य एही बंगला में रहत रहलें। अब 29 जून के डेडलाइन से पहिले परिवार के नया ठिकाना पs जाये के तइयारी तेज हो गइल बा।
Read Also: राबड़ी देवी के बंगला खाली करे के तइयारी तेज, 29 जून से पहिले सुरू भइल सामान पैकिंग









