Bihar Politics : राबड़ी देवी के बंगला खाली करे के अल्टीमेटम, भवन निर्माण विभाग देलस 7 दिन के मोहलत

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 25, 2026

पटना। बिहार सरकार के भवन निर्माण विभाग पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के सरकारी आवास खाली करे खातिर अंतिम नोटिस जारी कइले बा। पटना के 10 सर्कुलर रोड इस्थित सरकारी बंगला खाली करे खातिर राबड़ी देवी

Share

Bihar Security Row

पटना। बिहार सरकार के भवन निर्माण विभाग पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के सरकारी आवास खाली करे खातिर अंतिम नोटिस जारी कइले बा। पटना के 10 सर्कुलर रोड इस्थित सरकारी बंगला खाली करे खातिर राबड़ी देवी के अब खाली 7 दिन के समय दिहल गइल बा।

विभाग 22 जून के जारी नोटिस में साफ कहलस कि 29 जून तक हर हाल में बंगला खाली कs के नया आवंटी के सउपल जाये। जदि तय समय सीमा के भीतर आवास खाली ना भइल तs नियम के अनुसार कानूनी कार्रवाई कइल जा सकेला।

पहिलहू कइयन बेर मिल चुकल बा नोटिस

भवन निर्माण विभाग के कहनाम बा कि ई पहिला बेर नइखे जब राबड़ी देवी के बंगला खाली करे के निरदेस दिहल गइल बा। एकरा से पहिले 15 दिसंबर 2025 के आवास खाली करे खातिर नोटिस जारी कइल गइल रहे।

हालांकि, कइयन बेर मोहलत मिलला के बादो 10 सर्कुलर रोड इस्थित बंगला खाली ना भइल। अब विभाग अंतिम चेतावनी जारी करत 29 जून तक आवास खाली करे के निरदेस देले बा।

मंत्री नंद किशोर राम के आवंटित भइल बा बंगला

जानकारी के मोताबिक, 10 सर्कुलर रोड इस्थित सरकारी आवास अब बिहार सरकार के डेयरी, मत्स्य आ पशु संसाधन विभाग के मंत्री नंद किशोर राम के नाम से आवंटित कs दिहल गइल बा। ओहिजा, राबड़ी देवी खातिर 39 हार्डिंग रोड इस्थित नया सरकारी आवास आवंटित कइल गइल बा।

नया आवास में कमी के बात उठवले रहली राबड़ी देवी

राबड़ी देवी भवन निर्माण विभाग के लिखल पत्र में 39 हार्डिंग रोड इस्थित आवास में कइयन गो समस्या के जिकिर कइले रहली। उनकर कहनाम रहे कि नया बंगला में रसोईघर छोट बा आ सुरक्षाकर्मियन के तैनाती खातिर पर्याप्त बेवस्था नइखे।

ओहिजा, राबड़ी देवी लालू प्रसाद यादव के स्वास्थ्य के हवाला देले रहली। उनका कहनाम रहे कि किडनी ट्रांसप्लांट के बाद लालू प्रसाद यादव खातिर एगो अलग कमरा के जरूरत बा, ताकि संक्रमण के खतरा कम हो सके।

अब अंतिम नोटिस जारी भइला के बाद राबड़ी देवी के लगे बंगला खाली करे खातिर खाली 7 दिन के समय बचल बा।

Read Also: FIFA World Cup 2026 : नेमार के आंख में छलकल आंसू, तीन साल बाद ब्राजील खातिर मैदान पs उतरलें स्टार खिलाड़ी

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.