FIFA World Cup 2026 : नेमार के आंख में छलकल आंसू, तीन साल बाद ब्राजील खातिर मैदान पs उतरलें स्टार खिलाड़ी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 25, 2026

FIFA World Cup 2026 : ब्राजील आ स्कॉटलैंड के बीच खेलल गइल मुकाबला में एगो बेहद भावुक पल देखे के मिलल। ब्राजील के दिग्गज फुटबॉलर नेमार जूनियर करीब तीन साल बाद राष्ट्रीय टीम के जर्सी

Share

Neymar Returns to Brazil Team After Three Years, Gets Emotional on Field

FIFA World Cup 2026 : ब्राजील आ स्कॉटलैंड के बीच खेलल गइल मुकाबला में एगो बेहद भावुक पल देखे के मिलल। ब्राजील के दिग्गज फुटबॉलर नेमार जूनियर करीब तीन साल बाद राष्ट्रीय टीम के जर्सी पहिन के मैदान पर उतरलें। मैदान पs वापसी के एह खास पल में नेमार आपन भावना रोक ना पवलें आ उनकर आंखिन से आंसू छलक पड़ल।

ब्राजील एह मुकाबला में स्कॉटलैंड के 3-0 से हराके सानदार जीत दर्ज कइलस। बाकिर मैच के सबसे बड़ आकर्षण नेमार के वापसी रहल। मैच खतम भइला के बाद नेमार आपन पार्टनर ब्रूना बियांकार्डी आ दुनो बेटी के संगे नजर अइलें। ब्रूना भावुक नेमार के किस कइली आ बाद में नेमार बेटी मावी आ मेल के संगे खेलत दिखाई पड़लें।

76वां मिनट में मैदान पs उतरलें नेमार

हार्ड रॉक स्टेडियम में खेलल गइल मुकाबला के 76वां मिनट में ब्राजील के कोच कार्लो एंसेलोटी नेमार के मैदान पs उतरलें। नेमार मैथियस कुन्हा के जगह लेके खेल में सामिल भइलें।

जइसही नेमार मैदान पs अइलें, स्टेडियम में मवजूद ब्राजीलियन फैंस जोरदार ताली आ नाराबाजी से उनकर स्वागत कइलें। कुछ देर बाद कैमरा नेमार के आंख से आंसू पोंछत कैद कइलस। ई पल दुनियाभर के फुटबॉल प्रशंसकन के भावुक कs देलस।

चोट के चलते तीन साल से दूर रहलें नेमार

नेमार अक्टूबर 2023 के बाद पहिला बेर ब्राजील के राष्ट्रीय टीम खातिर खेललें। पिछिला कुछ साल उनकर करियर खातिर काफी कठिन रहल। लगातार चोट आ फिटनेस समस्या के कारण ऊ लमहर समय तक मैदान से बाहर रहलें।

घुटना सहित कइयन गो गंभीर चोट के चलते नेमार के सर्जरी आ लमहर रिहैबिलिटेशन प्रक्रिया से गुजरे के पड़ल। एह दौरान उनकर अंतरराष्ट्रीय फुटबॉल भविष्य पs सवाल उठे लागल रहे।

नया चोट से बढ़ गइल रहे चिंता

17 मई के ब्राजीलियन सीरी ए में सैंटोस खातिर खेलत घरी नेमार के दाहिना पिंडली में चोट लाग गइल रहे। एह चोट के कारण ऊ एक महीना से जादे समय तक मैदान से बाहर रहलें।

हालांकि, ब्राजील के कोच कार्लो एंसेलोटी उनकर अनुभव आ क्षमता पs भरोसा बना के रखलें। विश्व कप जइसन बड़ मंच पs मवका मिलते नेमार आपन वापसी से साबित कs देलें कि ऊ अभियो टीम खातिर महत्वपूर्ण खिलाड़ी बाड़ें।

नेमार के वापसी बनल यादगार पल

नेमार लमहर समय से ब्राजील फुटबॉल के पहचान रहल बाड़ें। चोट, दर्द आ संघर्ष के बाद राष्ट्रीय टीम में वापसी उनका खातिर एगो भावुक सफर के अंत रहल। स्कॉटलैंड के खिलाफ मुकाबला में भले नेमार गोल ना कs पवलें, बाकिर मैदान पs उनकर वापसी ब्राजील के प्रशंसकन खातिर कवनो जीत से कम ना रहे।

Read Also: Venezuela Earthquake : वेनेजुएला में भयंकर भूकंप से मचल तबाही, 10 हजार से जादे मौत के आशंका, इमरजेंसी घोषित

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.