छपरा : 2 घंटा खातिर बिजली बाधित रही: सबेरे 11 से दुपहरिया 1 बजे ले स्ट्रीट लाइट के होई मरम्मत

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 29, 2024

छपरा नगर निगम सौंदर्यीकरण के काम में जुटल बा। मुख्य सड़क पs तिरंगा स्ट्रिप लाइट्स लगावे के संगही स्ट्रीट लाइट के रिपेयरिंग के काम चल रहल बा। जवना के लेकर आज दूसरको दिन सोमार के

Share

छपरा नगर निगम सौंदर्यीकरण के काम में जुटल बा। मुख्य सड़क पs तिरंगा स्ट्रिप लाइट्स लगावे के संगही स्ट्रीट लाइट के रिपेयरिंग के काम चल रहल बा। जवना के लेकर आज दूसरको दिन सोमार के दू घंटा के पावर कट कइल जाए के बा। सबेरे 11:00 बजे से दुपहरिया 1:00 बजे तक पावर कट कइल जाई

बिजली विभाग एकरा पहिले बिजली से जुड़ल जरूरी कामन के ओरवा लेवे के सलाह देले बा। दोबारा 1:00 बजे के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई। एह दौरान मुख्य रूप से साहेबगंज सोनार पट्टी से थाना चौक डाकबंगला रोड दारोगा राय चौक तक मुख्य रूप से बिजली बाधित रही। पावर कट के बेरा मुख्य सड़क पs तिरंगा लाइट लगावे के संगे अगल-बगल के कनेक्टिविटी वाला सडकन के स्ट्रीट लाइट रिपेयरिंग कइल जाए के बा।

फेड़न के डालियन के होखे के बा छंटाई 

एसडीओ (बिजली) धीरज सटे कहलें कि नगर निगम बिजली के पोल पर लागल लाइट आ स्ट्रीट लाइट के रिपेयरिंग आ तिरंगा स्ट्रिप लाइट लगा रहल बा। निगर निगम कार्यालय एकरा के लेके पावर कट खातिर पत्र लिखल गइल रहे। एह दौरान मुख्य रूप से एलआईसी पीएसएस फीडर, नगर पालिका चौक फीडर आ राजेंद्र सरोवर फीडर में बिजली बाधित रही। दोबारा 1:00 के बाद बिजली सुचारू रूप से चालू कs दिहल जाई।

नगर निगम समूचा शहर में बंद आ खराब पड़ल स्ट्रीट लाइटन के रिपेयरिंग करा रहल बा। संगही तारन के अगल-बगल  फेड़न के डालियन के छंटाईयो कइल जाए के बा। जवना के लेके युद्ध स्तर पs काम कइल जा रहल बा। तीसरका फेज में साहेबगंज से दारोगा राय चौक तक पोल पs तिरंगा स्ट्रिप लाइट लगावल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.