Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शहर में सबेरे 10 से 12 बजे तक पावर कट : ब्रह्मपुर फीडर में होई मरम्मती के काम, कइयन जगहन पs पड़ी असर

294

छपरा के शहरी क्षेत्र में बुध के दु घंटा के पावर कट कइल जाये के बा। गरमी के देखत मरम्मती के काम कइल जाये के बा। एकरा के लेके शहरी क्षेत्र के ब्रह्मपुर फीडर में बिजली गुल रही। ब्रह्मपुर पावर सब स्टेशन से संचालित होखे वाला सब फीडर में पावर कट कइल जाये के बा।

कनीय अभियंता बतवलें कि बिजली विभाग के ओर से सबेरे 10 बजे से दुपहरिया 12 बजे तक बिजली बाधित कइल जाई। ओहिजा, काम खत्म होखतही फेर से बिजली बहाल कs दिहल जाई। एसे शहर के पश्चिमी हिस्सा जइसे ब्रह्मपुर, श्यामचक, कारिंगा, जलालपुर आ गुदरी के कुछ हिस्सा प्रभावित रही।

786330cookie-checkशहर में सबेरे 10 से 12 बजे तक पावर कट : ब्रह्मपुर फीडर में होई मरम्मती के काम, कइयन जगहन पs पड़ी असर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.