छपरा में 2 घंटा खातिर बिजली कटी : सबेरे 10 बजे से दुपहरिया 2 बजे तक पावर कट, तार आ ट्रांसफार्मर के होई मरम्मत

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 14, 2024

छपरा शहर के पश्चमी क्षेत्र में पावर कट कइल जाई। ई पावर कट 2 घंटा के होई। आज 14 मार्च के सबेरे 10 बजे से 12 बजे तक पावर कट कइल जाई। छपरा शहर के

Share

छपरा शहर के पश्चमी क्षेत्र में पावर कट कइल जाई। ई पावर कट 2 घंटा के होई। आज 14 मार्च के सबेरे 10 बजे से 12 बजे तक पावर कट कइल जाई। छपरा शहर के पश्चिम में ब्रह्मपुर फीडर में मरम्मत के काम कइल जा रहल बा। जवना कारण सबेरे से दुपहरिया तक 11KVA ब्रह्मपुर फीडर के विद्युत आपूर्ति बाधित रही।

पावर कट होखला से पश्चमी छपरा में बिजली दु घंटा तक गुल रही। बिजली विभाग एकरा पहिले बिजली संबंधित कामन के निपटा लेवे के सलाह देले बा। जवना से कवनो परेसानी ना होखे। ब्रह्मपुर के आसपास के मोहल्लन में बिजली गुल रही।

गरमी के देखत होई मेंटेनेंस कार्य

बिजली विभाग पावर सप्लाई मेंटनेस के लेके सब तरे के तार, ट्रांसफार्मर के मरम्मती काम कs रहल बा। जवना संदर्भ में ब्रह्मपुर फीडर में लागल सब तार आ ट्रांसफार्मर के मरम्मत के काम कइल जाये के बा। गरमी के पहिले मरम्मत के काम समाप्त कs लिहल गइला से गरमी के महीनन में विद्युत उपभोक्तन के परेसानी के सामना ना करे के पड़ी। नियत समय के बाद बिजली बहाल कs दिहल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.