PM Modi : पीएम मोदी दिल्ली एयरपोर्ट पs 45 मिनट काहे रुकलें? NEET परीक्षा से जुड़ल बा ममिला

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 21, 2026

नई दिल्ली। पश्चिम बंगाल से वापस अइला के बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार के दिल्ली एयरपोर्ट से सीधा अपना आवास गइला के बजाय कुछ समय खातिर एयरपोर्ट पs रुकलें। पीएम मोदी के एयरपोर्ट पs करीब

Share

PM Modi Delhi Airport Stop During NEET UG Re-Exam 2026

नई दिल्ली। पश्चिम बंगाल से वापस अइला के बाद प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार के दिल्ली एयरपोर्ट से सीधा अपना आवास गइला के बजाय कुछ समय खातिर एयरपोर्ट पs रुकलें। पीएम मोदी के एयरपोर्ट पs करीब 45 मिनट रुकला के वजह से नीट परीक्षा से जुड़ल बतावल जा रहल बा।

सूत्रन के मोताबिक, प्रधानमंत्री एयरपोर्ट से निकले में देरी एह खातिर कइलें ताकि नीट परीक्षा देवे जाये वाला छात्रन के परीक्षा केंद्र तक पहुंचे में कवनो दिक्कत ना होखे। पीएम मोदी के काफिला निकलला से दिल्ली के कइयन गो इलाकन में ट्रैफिक बेवस्था प्रभावित हो सकेला, एह वजह से छात्रन के सुविधा के धेयान में रखत ई फैसला लिहल गइल।

दुपहरिया 1:15 बजे दिल्ली एयरपोर्ट पहुंचलें पीएम मोदी

आधिकारिक जानकारी के अनुसार, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी करीब दुपहरिया 1:15 बजे दिल्ली एयरपोर्ट पहुंचलें। हालांकि, ऊ तुरंत अपना आवास खातिर रवाना ना भइलें आ कुछ देर एयरपोर्ट पs रुके के फैसला कइलें।

ओही समय दुपहरिया दु बजे से नीट-यूजी री-एग्जाम सुरू होखे वाला रहे। अधिकारियन के मोताबिक, परीक्षा सुरू होखे के समय राजधानी में ट्रैफिक बेवस्था सुचारू बनवले रखे खातिर प्रधानमंत्री के रवानगी में देरी कइल गइल।

अधिकारियन के अनुसार, प्रधानमंत्री के काफिला गुजरे के दौरान तय रास्ता पs खास ट्रैफिक बेवस्था आ कुछ समय खातिर प्रतिबंध लगावल जाला। जदि पीएम मोदी ओह समय निकलतें तs परीक्षा केंद्र जाये वाला हजारन छात्रन के परेसानी हो सकेला।

एह वजह से प्रधानमंत्री के काफिला के रवाना करे के समय आगे बढ़ा दिहल गइल। दुपहरिया दो बजे नीट परीक्षा सुरू भइला के बाद पीएम मोदी एयरपोर्ट से अपना आवास खातिर रवाना भइलें।

Read Also: Ram Mandir में चढ़ावा चोरी ममिला में SIT अब FIR करावे के तइयारी में, सात दिन के जांच में मिलल कइयन गो खामी

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.