Khamenei Funeral : का खामेनेई के अंतिम संस्कार में सामिल होइहें पीएम मोदी? ईरान के राष्ट्रपति भेजलें न्योता

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 24, 2026

नई दिल्ली। ईरान के राष्ट्रपति मसूद पेजेशकियन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के दिवंगत सर्वोच्च नेता अयातुल्ला अली खामेनेई के अंतिम संस्कार समारोह में सामिल होखे खातिर निमंत्रण भेजले बाड़ें। सूत्र के मोताबिक, खामेनेई के अंतिम संस्कार

Share

PM Modi Invited to Ayatollah Khamenei Funeral Ceremony by Iran President

नई दिल्ली। ईरान के राष्ट्रपति मसूद पेजेशकियन प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के दिवंगत सर्वोच्च नेता अयातुल्ला अली खामेनेई के अंतिम संस्कार समारोह में सामिल होखे खातिर निमंत्रण भेजले बाड़ें। सूत्र के मोताबिक, खामेनेई के अंतिम संस्कार कार्यक्रम पांच जुलाई से नव जुलाई तक आयोजित कइल जाई।

हालांकि, प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मिलल निमंत्रण पs भारत सरकार के ओर से अब तक कवनो आधिकारिक पुष्टि नइखे कइल गइल।

28 फरवरी के भइल रहे खामेनेई के निधन

तीन दशक से जादे समय तक ईरान के नेतृत्व करे वाला अयातुल्ला अली खामेनेई के निधन 28 फरवरी के भइल रहे। बतावल जा रहल बा कि उनकर निधन ओही समय भइल जब तेहरान पs अमेरिका आ इजरायल के ओर से बड़हन हवाई हमला कइल गइल रहे।

तेहरान आ कुम में होई अंतिम संस्कार कार्यक्रम

राजनयिक सूत्र बता रहल बा कि ईरान के राष्ट्रपति मसूद पेजेशकियन भारतीय प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अंतिम संस्कार समारोह में सामिल होखे खातिर आमंत्रित कइले बाड़ें। अंतिम संस्कार के मुख्य कार्यक्रम तेहरान आ कुम में पांच, छव आ सात जुलाई के आयोजित कइल जाई। जबकि अंतिम समारोह नव जुलाई के मशहद शहर में होई।

अब सब केहू के नजर एह बात पs टिकल बा कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एह समारोह में सामिल होइहें कि ना। भारत सरकार के ओर से एह संबंध में अंतिम फैसला आ आधिकारिक जानकारी के इंतजार बा।

Read Also: Bank Holidays July 2026 : जुलाई में 12 दिन बैंक रही बंद, जानीं कब खुली आ कब ना…

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.