PGT Rrecruitment Exam : आज आ काल्ह होई पीजीटी परीक्षा, 319 केंद्रन पs 4.64 लाख परीक्षार्थी होई लो सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: May 9, 2026

प्रयागराज। उत्तर प्रदेश शिक्षा सेवा चयन आयोग के ओर से प्रवक्ता (पीजीटी) भरती-2022 के परीक्षा 9 आ 10 मई के दू पाली में आयोजित होई। प्रदेश के 17 मंडल मुख्यालय वाला जिला में आयोजित एह

Share

प्रयागराज। उत्तर प्रदेश शिक्षा सेवा चयन आयोग के ओर से प्रवक्ता (पीजीटी) भरती-2022 के परीक्षा 9 आ 10 मई के दू पाली में आयोजित होई। प्रदेश के 17 मंडल मुख्यालय वाला जिला में आयोजित एह परीक्षा खातिर कुल 319 केंद्र बनावल गइल बा। 18 विषय के 624 पद खातिर 4.64 लाख अभ्यर्थी आवेदन कइले बा लाेग।

9 मई के पहिला पाली में भौतिक विज्ञान, जीव विज्ञान, गृह विज्ञान, इतिहास आ शिक्षा शास्त्र विषय के परीक्षा होई। जबकि दूसरा पाली में अंग्रेजी, कृषि, वाणिज्य आ समाजशास्त्र विषय के परीक्षा आयोजित कइल जाई।

10 मई के पहिला पाली में नागरिक शास्त्र, गणित, अर्थशास्त्र, संस्कृत आ मनोविज्ञान विषय के अभ्यर्थी परीक्षा दीहें। दूसरा पाली में रसायन विज्ञान, भूगोल, हिंदी आ कला विषय के परीक्षा होई।

आयोग के अध्यक्ष प्रशांत कुमार सब परीक्षा केंद्रन पs तइयारी के समीक्षा कइलें ऊ बतवलें कि परीक्षा केंद्र के कमरा आ महत्वपूर्ण जगहन पs एआई आधारित सीसीटीवी कैमरा लगावल गइल बा। एह सब कैमरन के जिला कंट्रोल रूम से जोड़ दिहल गइल बा।

आयोग के कंट्रोल रूम से सब परीक्षा केंद्र के कनेक्टिविटी के जांच पूरा कs लिहल गइल बा। हर जिला में एगो-एगो प्रेक्षक तैनात रही लोग आ डीएम-एसपी स्तर के अधिकारी परीक्षा केंद्र के निरीक्षण करी लाेग।

ओएमआर शीट के परीक्षा कक्ष में होई स्कैनिंग

प्रशांत कुमार बतवलें कि लखनऊ मंडल के 10 परीक्षा केंद्र पs हर पाली के परीक्षा खत्म होखला के बाद अभ्यर्थियन के ओएमआर शीट के स्कैनिंग कक्ष निरीक्षक आ अभ्यर्थियन के मवजूदगी में ओही कमरा में कइल जाई।

स्कैनिंग के बाद डाटा सुरक्षित रखल जाई। जरूरत पड़ला पs आयोग एह डाटा के मिलान ओएमआर शीट से करी। ऊ कहलें कि ई प्रयोग फिलहाल परीक्षण के रूप में कइल जा रहल बा। अगर सफल रहल तs आगे होखे वाला सब परीक्षा में एह बेवस्था के लागू कइल जाई। ई पूरा प्रक्रिया सुरक्षित बतावल गइल बा।

Read Also: Kolkata Police : कोलकाता पुलिस X पs ममता आ अभिषेक बनर्जी के कइलस अनफॉलो, भाजपा के जीत के बाद दिखल बदलाव

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.