Kolkata Police : कोलकाता पुलिस X पs ममता आ अभिषेक बनर्जी के कइलस अनफॉलो, भाजपा के जीत के बाद दिखल बदलाव

By Anurag Ranjan

Published on: May 9, 2026

नई दिल्ली। पश्चिम बंगाल में आज नया सरकार के गठन होखे जा रहल बा। भाजपा के भारी जीत के बाद एगो बड़ बदलाव देखे के मिलल बा। कोलकाता पुलिस के आधिकारिक एक्स (पहिले ट्विटर) हैंडल

Share

Kolkata Police Unfollowed Mamata Banerjee And Abhishek Banerjee On X After BJP Victory

नई दिल्ली। पश्चिम बंगाल में आज नया सरकार के गठन होखे जा रहल बा। भाजपा के भारी जीत के बाद एगो बड़ बदलाव देखे के मिलल बा। कोलकाता पुलिस के आधिकारिक एक्स (पहिले ट्विटर) हैंडल पs प्रतीकात्मक डिजिटल बदलाव सामने आइल बा।

खबर के मोताबिक, कोलकाता पुलिस अब पूर्व मुख्यमंत्री ममता बनर्जी, तृणमूल कांग्रेस के राष्ट्रीय महासचिव अभिषेक आ कुछ आउर नेता लोगन के अनफॉलो कs देले बिया।

पीएम मोदी आ अमित शाह के कइलस फॉलो

बदलत राजनीतिक माहौल के संकेत देत कोलकाता पुलिस के ई एक्स हैंडल अब प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी, गृह मंत्री अमित शाह, पीएमओ आ गृह मंत्रालय (MHA) के आधिकारिक अकाउंट के फॉलो करे लागल बिया।

ई बदलाव ओह समय देखे के मिलल जब तृणमूल कांग्रेस मुख्यालय आ शहर भर में कइयन गो नेता लोगन के घर से अतिरिक्त सुरक्षा हटावल गइल।

आज बंगाल में होई शपथ ग्रहण

भाजपा सुवेंदु अधिकारी के बंगाल के नया मुख्यमंत्री चुन लेले बिया। सुक के अमित शाह के मवजूदगी में भइल भाजपा विधायक दल के बैठक में सुवेंदु अधिकारी के सर्वसम्मति से नेता चुनल गइल।

आज कोलकाता के ऐतिहासिक ब्रिगेड परेड ग्राउंड में भव्य समारोह के साथ सुवेंदु अधिकारी मुख्यमंत्री पद के शपथ लिहें।

Read Also: West Beangal CM Oath : सुवेंदु अधिकारी आज लिहें सीएम पद के शपथ, कोलकाता के ब्रिगेड मैदान में भव्य शपथ ग्रहण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.