नई दिल्ली। भारत के 80वां स्वतंत्रता दिवस से ठीक एक दिन पहिले, 14 अगस्त के देस में विभाजन विभीषिका स्मृति दिवस मनावल जा रहल बा। एह मवका पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 1947 के भारत विभाजन से प्रभावित लोगन के इयाद कइलें आ श्रद्धांजलि देलें।
सुक के सबेरे पीएम मोदी सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs एगो भावुक सनेस साझा कइलें। एह पोस्ट में ऊ ओह लाखन लोग आ परिवारन के इयाद कइलें, जे देस के बंटवारा के दौरान भारी पीड़ा, संघर्ष आ विस्थापन के सामना कइले रहे।

बहुते डरावना आ दर्दनाक रहे ऊ दौर : पीएम मोदी
पीएम मोदी कहलें कि इतिहास के ऊ दौर बहुते डरावना आ दर्दनाक रहे। भारत के विभाजन के त्रासदी से कइयन गो हंसत-खेलत परिवार हमेसा खातिर बिखर गइल।
प्रधानमंत्री कहलें कि बंटवारा के चलते अनगिनत लोगन के आपन जड़, घर आ पुरखा के जमीन छोड़ के मजबूरी में पलायन करे के पड़ल। बहुत लोग अपना प्रियजनन के खो दिहल आ अकल्पनीय पीड़ा झेले के मजबूर भइल। ओह समय लोग जवन कुछ झेलल, ओकर कल्पना कइल आजो बहुते मुश्किल बा।
मुसीबत के आपन ताकत बना लिहल लोग
पीएम मोदी कहलें कि एतना बड़ त्रासदी के बादो देस के लोग हिम्मत ना हारल। सबकुछ गंवइला के बादो लाखन परिवार फेर से आपन जिनगी दोबारा सुरू कइल।
लोग अपना मेहनत, हिम्मत आ संघर्ष के दम पs जिनगी के पटरी पs ले आइल। विभाजन पीड़ित लोग हर मुसीबत आ असफलता के आपन ताकत में बदलल आ देस के तरक्की में महत्वपूर्ण जोगदान दिहल।
प्रधानमंत्री कहलें कि एह लोगन के जिनगी के यात्रा मानव जज्बा, साहस आ दृढ़ संकल्प के असली ताकत के इयाद दिलावेला।
पीएम मोदी कइलें भाईचारा बना के रखे के अपील
प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देसवासियन से आपसी भाईचारा, मेल-मिलाप आ सामाजिक सौहार्द बनवले रखे के अपील कइलें। ऊ कहलें कि विभाजन विभीषिका स्मृति दिवस हमनी के ई संकल्प लेवे के प्रेरणा देला कि देस में एकता, भाईचारा आ सौहार्द के हर हाल में कायम रखल जाई।
पीएम मोदी देसवासियन से मिलजुल के मजबूत, एकजुट आ विकसित भारत बनावे के दिसा में काम करे के आह्वानो कइलें।
14 अगस्त के मनावल जाला विभाजन विभीषिका स्मृति दिवस
बता दीं कि 14 अगस्त के विभाजन विभीषिका स्मृति दिवस मनावल जाला। साल 1947 में भारत के विभाजन देस के इतिहास के सबसे दर्दनाक अध्याय में से एगो रहे।
देस के बंटवारा के बाद लाखन लोग के आपन घर, जमीन आ पुरखन के विरासत छोड़ के दोसर जगह जाये के पड़ल। रातो-रात अनगिनत परिवार उजड़ गइल आ बहुत लोग अपना सगा-संबंधियन के खो दिहल।
विभाजन के दौरान लोगन के भारी शारीरिक आ मानसिक पीड़ा से गुजरे के पड़ल। विभाजन विभीषिका स्मृति दिवस के मकसद एह त्रासदी में पीड़ित लोगन के संघर्ष आ बलिदान के इयाद कइल आ अगिला पीढ़ी के इतिहास के एह दर्दनाक अध्याय से परिचित करावल बा।
Read Also: 14 अगस्त 2026 के राशिफल









