[the_ad_group id="30365"]

14 अगस्त 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 14/08/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि द्वितीया

सांझ के 06 बजके 47 मिनट ले,

ओकरा बाद तृतीया।

दिन- सुक।

पूर्व फाल्गुनी नक्षत्र

दिन के 03 बजके 42 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र।

परिघ जोग

दिन के 09 बजके 28 मिनट ले,

ओकरा बाद शिव जोग।

बालव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 15/08/2026

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- तृतीया

दिन के 05 बजके 29 मिनट ले।

दिन- सनिचर।

उत्तर फाल्गुनी नक्षत्र

रात के 03 बजके 25 मिनट ले।

 शिव जोग

सबेरे के 07 बजके 08 मिनट ले।

गर करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज कामकाज में नया अवसर मिल सकेला। आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। परिवार में माहौल अच्छा रही। जल्दबाजी में कवनो फैसला मत लीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिल सकेला। नौकरी में जिम्मेदारी बढ़ सकेला। बेयपार में लाभ के जोग बा। परिवार के संगे समय बिताईं।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज के दिन तनिका व्यस्त रही। काम के दबाव बढ़ सकेला, बाकिर रउआ अपना समझदारी से इस्थिति संभार लेम। धन के लेन-देन में सावधानी बरतीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ी। नौकरी आ कारोबार में नया रास्ता खुल सकेला। घर-परिवार में खुसी के माहौल रही। स्वास्थ्य सामान्य रही।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज राउर नेतृत्व क्षमता के प्रशंसा हो सकेला। कार्यस्थल पs महत्वपूर्ण जिम्मेदारी मिल सकेला। आर्थिक लाभ के संभावना बा। अहंकार से बचीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज अधूरा काम पूरा करे के मवका मिली। पढ़ाई करे वाला विद्यार्थियन खातिर दिन अच्छा बा। खरचा पs नियंत्रण रखीं। परिवार के कवनो सदस्य से मतभेद हो सकेला।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज रिश्तन में मधुरता बढ़ी। नौकरी में तरक्की के अवसर मिल सकेला। बेयपार करे वाला लोगन के फायदा हो सकेला। स्वास्थ्य पs ध्यान दीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज मेहनत जादे करे के पड़ी। काम में कुछ अड़चन आ सकेला, बाकिर धैर्य रखला से सफलता मिली। निवेश करे से पहिले अच्छा तरे विचार करीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य के साथ मिल सकेला। नौकरी आ कारोबार में सकारात्मक बदलाव के जोग बा। जतरा के मवका मिल सकेला। परिवार के सहजोग मिली।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जिम्मेदारी बढ़ी, बाकिर रउआ बेहतर ढंग से पूरा कs लेम। आर्थिक इस्थिति में सुधार हो सकेला। पुरान संघतिया से मुलाकात खुसी दे सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज रचनात्मक काम में सफलता मिली। करिअर में नया अवसर सामने आ सकेला। प्रेम संबंध में नजदीकी बढ़ी। बिना मतलब के खरचा से बचीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन शांत रही आ महत्वपूर्ण फैसला लेवे में आसानी होई। नौकरी में सम्मान बढ़ सकेला। बेयपार में लाभ होखे के संभावना बा। परिवार में सुख-शांति रही।

Read Also: Gorakhpur University : कुलपति के समर्थन में 250 से जादे शिक्षक एकजुट, कथित अमर्यादित बेवहार पs कार्रवाई के मांग

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]