Varanasi Airport : वाराणसी एयरपोर्ट पs यात्री के लाइसेंसी पिस्टल से चलल गोली, दूगो कर्मचारी घायल

By Shweta Supriya

Published on: Aug 16, 2026

वाराणसी। लाल बहादुर शास्त्री अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट, वाराणसी पs अतवार के सबेरे एगो बड़ हादसा हो गइल। सुरक्षा जांच के दौरान एगो यात्री के लाइसेंसी पिस्टल से अचानक गोली चल गइल, जवना में एयरपोर्ट के दूगो

Share

Licensed pistol accidentally fires at Varanasi airport, two staff injured

वाराणसी। लाल बहादुर शास्त्री अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट, वाराणसी पs अतवार के सबेरे एगो बड़ हादसा हो गइल। सुरक्षा जांच के दौरान एगो यात्री के लाइसेंसी पिस्टल से अचानक गोली चल गइल, जवना में एयरपोर्ट के दूगो कर्मचारी घायल हो गइल लोग। घटना के बाद एयरपोर्ट परिसर में कुछ देर खातिर अफरा-तफरी के माहौल बन गइल।

घायल कर्मचारियन में एगो महिला स्टाफ के पैर में गोली लागल, जबकि दूसरका पुरुष कर्मचारी के हाथ के छूअते गोली निकल गइल। दुनो घायलन के तुरंत इलाज खातिर कबीरचौरा मंडलीय अस्पताल भेजल गइल।

मुंबई जाये खातिर एयरपोर्ट पहुंचल रहलें यात्री

जानकारी के अनुसार, आजमगढ़ निवासी 55 साल के कमलेश राय एअर इंडिया एक्सप्रेस के फ्लाइट से मुंबई जाये खातिर अतवार के सबेरे करीब पौने दस बजे वाराणसी एयरपोर्ट पहुंचल रहलें। उनका लगे एगो लाइसेंसी पिस्टल मवजूद रहे।

एयरपोर्ट पs नियम के मोताबिक, लाइसेंसी हथियार के जांच के बाद सील कs के विमान के पायलट केबिन में रखल जाला। एह प्रक्रिया से पहिले हथियार से मैगजीन अलग कइल जरूरी होला।

मैगजीन निकालत घरी चल गइल गोली

बतावल जा रहल बा कि कमलेश राय पिस्टल से मैगजीन अलग करत रहलें। एह दौरान गलती से ट्रिगर दब गइल आ गोली चल गइल। गोली चलला से नजदीक खड़ा एयरपोर्ट के दूगो कर्मचारी घायल हो गइलें। घटना के तुरंत बाद सुरक्षा एजेंसियां सक्रिय हो गइलें आ यात्री के हिरासत में लेके पूछताछ सुरू कs दिहल गइल।

सुरक्षा प्रक्रिया पs उठल सवाल

एह घटना के बाद एयरपोर्ट पs सुरक्षा प्रक्रिया के लेके सवाल उठे लागल बा। हालांकि, एयरपोर्ट प्रशासन आ सुरक्षा एजेंसी पूरा ममिला के जांच में जुटल बाड़ी सs।

जांच में ई पता लगावल जा रहल बा कि घटना के समय सुरक्षा मानक के पालन सही तरीका से भइल रहे कि ना आ हादसा कइसे भइल।

एयरपोर्ट पs लाइसेंसी हथियार ले जाये के बा नियम

हवाई यात्रा के दौरान लाइसेंसी हथियार ले जाये खातिर निर्धारित नियम के पालन जरूरी होला। यात्री के हथियार एयरलाइन के जानकारी में देवे के पड़ेला आ जांच के बाद ओकरा के सील कs के सुरक्षित स्थान पs रखल जाला।

वाराणसी एयरपोर्ट पs भइल एह घटना के बाद सुरक्षा एजेंसी पूरा ममिला के गहराई से जांच करत बाड़ी सs।

Read Also: NOIDA : नोएडा जिला अस्पताल में लापरवाही, डॉक्टर बनल सिक्योरिटी गार्ड सिरिंज में भरलस दवाई. नर्स सहित दुनो सस्पेंड

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.