NEET UG 2026 : आज 565 शहरन में 22.79 लाख छात्र दे रहल बा लोग एग्जाम

By Anurag Ranjan

Published on: May 3, 2026

नई दिल्ली : आज पूरा देस में नीट यूजी 2026 के परीक्षा हो रहल बा, जवना के मेडिकल में दाखिला खातिर सबसे बड़ एंट्रेंस एग्जाम मानल जा रहल बा। राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी (NTA) एह परीक्षा

Share

नई दिल्ली : आज पूरा देस में नीट यूजी 2026 के परीक्षा हो रहल बा, जवना के मेडिकल में दाखिला खातिर सबसे बड़ एंट्रेंस एग्जाम मानल जा रहल बा। राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी (NTA) एह परीक्षा के कड़ा सुरक्षा के बीच आयोजित करत बा। ई परीक्षा दुपहरिया दू बजे से सांझ पांच बजे तक चली, जवना में करीब 22.79 लाख छात्र हिस्सा ले रहल बा लोग।

देस के 551 शहरन में 5432 परीक्षा केंद्र बनावल गइल बा, जबकि बिदेस में 14 केंद्र तय कइल गइल बा। लगभग 99.2% छात्रन के ओह लोगन के पसंदीदा सेंटर मिल गइल बा। परीक्षा के निष्पक्ष बनावे खातिर जादेतर केंद्र सरकारी संस्थानन में बनावल गइल बा।

कड़ा सुरक्षा आ निगरानी

एनटीए के महानिदेशक अभिषेक सिंह बतवलें कि परीक्षा में गड़बड़ी रोके खातिर पूरा इंतजाम कइल गइल बा। चार लेयर के सुरक्षा, सीसीटीवी निगरानी आ 1.85 लाख कैमरा के जरिए हर गतिविधि पs नजर राखल जा रहल बा। फर्जी खबर रोके खातिर 30 से जादे टेलीग्राम चैनल बंद कइल गइल बा।

छात्रन खातिर जरूरी निरदेस

छात्रन के सलाह दिहल गइल बा कि ऊ लोग सबेरे 11 बजे से 1:30 बजे के बीच परीक्षा केंद्र पहुंच जावs। एकरा बाद एंट्री ना मिली। एडमिट कार्ड, फोटो आईडी आ पासपोर्ट साइज फोटो साथे लेके जाइल जरूरी बा।

पारंपरिक कपड़ा पहिने वाला छात्र तनिका जल्दी पहुंचे लोग, ताकि चेकिंग में समय मिल सके। केंद्र के सही पता एडमिट कार्ड से जरूर देख लीं।

सुविधा आ हेल्पलाइन

एह साल पहिला बेर छात्रन के घर से पानी ले जाये के अनुमति मिलल बा। परीक्षा केंद्रन पs बिजली, पानी आ मेडिकल सुविधा के खास इंतजाम बा।

कवनो दिक्कत होखला पs छात्र एनटीए के हेल्पलाइन नंबर 011-40759000 भा 011-69227700 पs संपर्क कs सकेला लोग भा आधिकारिक वेबसाइट के माध्यम से जानकारी ले सकेला।

Read Also: Kushinagar News : आवाजें जिंदा हैं पुस्तक के भइल भव्य विमोचन, कवि सम्मेलन आ नारी सम्मान समारोह धूमधाम से संपन्न

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.