Kushinagar News : आवाजें जिंदा हैं पुस्तक के भइल भव्य विमोचन, कवि सम्मेलन आ नारी सम्मान समारोह धूमधाम से संपन्न

By Anurag Ranjan

Published on: May 3, 2026

कुशीनगर (हाटा): बाघनाथ चौराहा इस्थित मंगलम मैरिज हॉल में भव्य पुस्तक विमोचन, कवि सम्मेलन आ नारी अभिनंदन सम्मान समारोह बड़ धूमधाम से संपन्न भइल। एह दौरान मुख्य अतिथि के रूप में डॉ. सौरभ पांडे मवजूद

Share

कुशीनगर (हाटा): बाघनाथ चौराहा इस्थित मंगलम मैरिज हॉल में भव्य पुस्तक विमोचन, कवि सम्मेलन आ नारी अभिनंदन सम्मान समारोह बड़ धूमधाम से संपन्न भइल। एह दौरान मुख्य अतिथि के रूप में डॉ. सौरभ पांडे मवजूद रहलें। एह आयोजन में डॉ. सत्या पांडे, पूजा गुप्ता, शाहीन शेख, गुरु पांडेय, डॉ. राकेश श्रीवास्तव आ संजय श्रीवास्तव के खास जोगदान रहल।

एह कार्यक्रम के सबसे खास आकर्षण रहल नवहा लेखिका प्रगति गुप्ता के पहिला काव्य पुस्तक “आवाजे जिंदा हैं” के विमोचन। कार्यक्रम के सफल बनावे में आशिया गोरखपुरी के महत्वपूर्ण भूमिका रहल।

कवि सम्मेलन में जमल महफिल

कवि सम्मेलन के दौरान श्रोता लोगन के भरपूर मनोरंजन भइल। हास्य कवि बादशाह प्रेमी के कविता पs लोग ठहाका लगावत नजर आइल। मंच संचालन संजय श्रीवास्तव बढ़िया ढंग से कइलें, जवना से पूरा कार्यक्रम में जोश बनल रहल।

मीडिया से बात करत प्रगति गुप्ता बतवली कि उनकर किताब समाज के ओह मुद्दा पs आधारित बा, जवना पs अक्सर आवाज ना उठावल जाला, खासकर महिला से जुड़ल विषय। ई किताब ऑनलाइन प्लेटफॉर्म पs उपलब्ध बा।

मुख्य अतिथि डॉ. सौरभ पांडे कहलें कि प्रगति गुप्ता अपना नाम जइसन लगातार आगे बढ़त रहस। उ कहलें कि किताब लिखल समाज के प्रति जिम्मेदारी के प्रतीक हs।

ओहिजा डॉ. सत्या पांडे प्रगति के उज्जवल भविष्य के कामना करत कहली कि ऊ समाज आ क्षेत्र के नाम रोशन कइले बाड़ी।

एह मवका पs कइयन गो गणमान्य लोगन के अंगवस्त्र, पुष्पगुच्छ आ स्मृति चिह्न देके सम्मानित कइल गइल। कार्यक्रम में बड़ संख्या में साहित्य प्रेमी सामिल भइल लोग।

Read Also: 03 मई 2026 के राशिफल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.