स्पोर्ट्स डेस्क। एशियन गेम्स 2026 से भारत खातिर एगो बहुते बढ़िया खबर आइल बा। मंगर के दिन, 29 सितंबर के सुरुआत में भारत के पहिला सिल्वर मेडल मिलल, आ कुछे घंटा बाद देस के पांचवां गोल्ड मेडल मिल गइल। भारतीय महिला शूटर नीरू ढांडा इंडिविजुअल ट्रैप इवेंट में गोल्ड मेडल जीत के इतिहास रच दिहली। ऊ एशियन गेम्स में गोल्ड मेडल जीते वाली पहिला भारतीय महिला शूटर बन गइली।
नीरू ढांडा आठ निशानेबाजन वाला फाइनल में आपन जगह बनवले रहली। ऊ कतर के खिलाड़ी के संगे मिलके 118 अंक हासिल कइलीं, जवन एशियन गेम्स के नया रिकॉर्ड हs। एह मुकाबला में भारत के आशिमा अहलावत 16वां आ मनीषा कीर 23वां स्थान पर रह के प्रतियोगिता से बाहर हो गइल लो। बाकिर नीरू आपन सानदार खेल जारी रखली आ देस खातिर गोल्ड मेडल जीत के दम लेली।
वुमेंस ट्रैप टीम इवेंट में नीरू दिलवली सिल्वर मेडल
नीरू ढांडा एकरा से पहिले जापान के आइची-नागोया में चल रहल एशियन गेम्स के वुमेंस ट्रैप टीम इवेंट में भारत के सिल्वर मेडल दिलावे में अहम भूमिका निभवले रहली। फाइनल मुकाबला में नीरू एक बेर फेर सानदार खेल देखावत 28 के स्कोर कइली। ओहिजा, चीन के सन युनोंग 26 अंक हासिल कइली आ उनका सिल्वर मेडल मिलल। 21 अंक बनावे वाली हजर अब्दुलमलिक के ब्रॉन्ज मेडल से संतोष करे के पड़ल।
वर्ल्ड कप में गोल्ड मेडल जीत चुकल बाड़ी नीरू
हरियाणा के 26 साल के नीरू ढांडा ट्रैप इवेंट में वर्ल्ड कप गोल्ड मेडल जीत चुकल बाड़ी। जुलाई में इटली में भइल शॉटगन वर्ल्ड कप 2026 में ऊ 28 के स्कोर बनाके गोल्ड मेडल अपना नामे कइले रहली। एह दौरान ऊ एशिया के पुरान 24 अंक के रिकॉर्ड तुड़ देली।
नीरू से पहिले कवनो भारतीय महिला शूटर एशियन गेम्स में ट्रैप भा स्कीट के इंडिविजुअल इवेंट में गोल्ड मेडल ना जीतले रहे। पुरुषन के बात कइल जावs तs रणधीर सिंह 1978 के एशियन गेम्स में ट्रैप इवेंट के ऐतिहासिक गोल्ड मेडल जीतले रहलें। ओहिजा रोंजन सोढ़ी 2010 के एशियन गेम्स में डबल ट्रैप इवेंट में भारत खातिर इंडिविजुअल गोल्ड मेडल हासिल कइले रहलें।







No comments yet. Be the first to comment!