इटावा। आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे पs मंगर के दिने फिरोजाबाद के नगला खंगर थाना इलाका में किलोमीटर संख्या 69 पs भीषण सड़क हादसा हो गइल। एह हादसा में इटावा के जिला वन अधिकारी (डीएफओ) विकास नायक आ उनकर चालक देवांश के मौत हो गइल। हादसा में डीएफओ के संगे कार में सवार 65 साल के केशवती गंभीर रूप से घायल हो गइली। दोसरा गाड़ी में सवार पति-पत्नी घायल भइल बा लो। तीनों घायलन के इलाज उत्तर प्रदेश आयुर्विज्ञान विश्वविद्यालय, सैफई में चल रहल बा।
पुलिस के मोताबिक, राजस्थान के नागौर जिला के मूल निवासी 36 साल के विकास नायक आपन एक्सयूवी-700 से 25 साल के चालक देवांश आ 65 साल के केशवती, पत्नी जगदीश सिंह के संगे लखनऊ से नोएडा के ओर जात रहलें। नगला खंगर थाना क्षेत्र में किलोमीटर संख्या 69 पs उनकर गाड़ी हादसा के शिकार हो गइल। दुर्घटना में विकास नायक आ चालक देवांश के मौत हो गइल, जबकि केशवती गंभीर रूप से घायल हो गइली। इलाज खातिर उनका के सैफई भेजल गइल।
हादसा में दोसरा गाड़ी स्कॉर्पियो में सवार 61 साल के डेविड ब्रेन डिसूजा आ उनकर 59 साल के पत्नी ममता डिसूजा घायल हो गइली। दुनो लोग पश्चिम बंगाल के उत्तर कोलकाता के राजारहाट के निवासी बा आ गुरुग्राम से लखनऊ के ओर जात रहे। दुनो के इलाज सैफई इस्थित उत्तर प्रदेश आयुर्विज्ञान विश्वविद्यालय में चल रहल बा।
हादसा के जानकारी मिलतही एक्सप्रेसवे सुरक्षा टीम आ पुलिस घटनास्थल पs पहुंच गइल। डीएफओ कार्यालय के अधिकारी आ कर्मचारी मवका पs पहुंचल लो। पुलिस दुनो शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम के प्रक्रिया सुरू कs देले बिया। हादसा कवना परिस्थिति में भइल, एकर जांच पुलिस करत बिया।







No comments yet. Be the first to comment!