Nagaland Toxic Liquor Death : नागालैंड में शराबबंदी के बादो शराब पीये से 19 लोगन के मौत, जांच में जुटल पुलिस

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 26, 2026

सेंट्रल डेस्क। नागालैंड से एह समय के एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा। राज्य में कथित तौर पs मिलावटी आ जहरीली शराब पीये से कम से कम 19 लोगन के मौत हो गइल बा।

Share

सेंट्रल डेस्क। नागालैंड से एह समय के एगो बड़ खबर सामने आ रहल बा। राज्य में कथित तौर पs मिलावटी आ जहरीली शराब पीये से कम से कम 19 लोगन के मौत हो गइल बा। घटना के बाद गांव में परिजनन के रो-रो के बुरा हाल बा।

पुलिस के मोताबिक, ई मौत के ममिला अलग-अलग जिलन में सामने आइल बा। पिछिला दू दिन में मोकोकचुंग जिला में 8 लोग आ तुएनसांग जिला में 11 लोगन के मौत भइल बा। सुरुआती जानकारी के मोताबिक, कथित तौर पs अवैध शराब पीये से ई मौत भइल बा।

घटना के जानकारी मिलते पुलिस टीम मवका पs पहुंचल आ जांच सुरू कs देलस। पुलिस अब ई पता लगावे में जुटल बिया कि मिलावटी शराब कहां से आइल रहे आ ओकर सप्लाई चेन केकरा माध्यम से चलत रहे।

मिलावटी शराब के स्रोत पता करे खातिर SIT गठित

जहरीली शराब पीये से मौत के ममिला पs सीनियर सुपरिटेंडेंट ऑफ पुलिस (SSP) वेसुप्रा केजो सनिचर के जानकारी देलें कि घटना के जांच आ मिलावटी शराब के स्रोत आ सप्लाई चेन के पता लगावे खातिर एगो स्पेशल इन्वेस्टिगेशन टीम (SIT) बनावल गइल बा।

SIT के नेतृत्व एडिशनल सुपरिटेंडेंट ऑफ पुलिस (ASP) आई बुंगलांग चांग कs रहल बाड़ें। पुलिस के कहनाम बा कि ममिला के हर पहलू के जांच कइल जा रहल बा। घटना में जे लोग सामिल मिली, ओकरा खिलाफ कड़ा कार्रवाई कइल जाई।

नागालैंड में 1990 से लागू बा शराबबंदी

बता दीं कि नागालैंड में साल 1990 से शराबबंदी लागू बा। एकरा बादो कथित जहरीली शराब से 19 लोगन के मौत के घटना सामने आइल बा। शराबबंदी लागू होखला के बादो इलाका में अवैध आ जहरीली शराब के बिक्री भा सप्लाई कइसे होत रहे, ई अब पुलिस जांच के विषय बा। जांच के बादे घटना के पूरा कारण आ शराब के स्रोत के बारे में इस्थिति साफ हो पाई।

Read Also: Asian Games Cricket Quarterfinal : एशियन गेम्स के क्वार्टर फाइनल में भारत के भिड़ंत अफगानिस्तान से, 28 सितंबर के होई मुकाबला

Tags:

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.