Asian Games Cricket Quarterfinal : एशियन गेम्स के क्वार्टर फाइनल में भारत के भिड़ंत अफगानिस्तान से, 28 सितंबर के होई मुकाबला

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 26, 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। जापान के आइची-नागोया में चल रहल एशियन गेम्स 2026 में पुरुष क्रिकेट इवेंट के सुरुआत हो गइल बा। फिलहाल ग्रुप स्टेज के मुकाबला खेलल जा रहल बा। भारतीय टीम आपन अभियान के सुरुआत

Share

India vs Afghanistan Quarter Final Asian Games 2026

स्पोर्ट्स डेस्क। जापान के आइची-नागोया में चल रहल एशियन गेम्स 2026 में पुरुष क्रिकेट इवेंट के सुरुआत हो गइल बा। फिलहाल ग्रुप स्टेज के मुकाबला खेलल जा रहल बा। भारतीय टीम आपन अभियान के सुरुआत 28 सितंबर के सीधे क्वार्टर फाइनल मुकाबला से करी। अब इहो तय हो गइल बा कि क्वार्टर फाइनल में भारत के सामना अफगानिस्तान के टीम से होई।

भारतीय टीम के क्वार्टर फाइनल में ग्रुप-ए में दूसरा स्थान पs रहल टीम से भिड़ंत करे के रहे। ग्रुप-ए के मुकाबला पूरा होखला के बाद अफगानिस्तान के टीम दूसरा स्थान पs रहल आ अब ओकर सामना भारत से होई।

अफगानिस्तान ग्रुप-ए में दू गो मुकाबला खेललस, जवना में एगो में ओकर जीत भइल जबकि एक मुकाबला में हार के सामना करे के पड़ल। भारत आ अफगानिस्तान के बीच क्वार्टर फाइनल मुकाबला 28 सितंबर के कोरोगी स्पोर्ट्स पार्क में खेलल जाई। मुकाबला भारतीय समय के हिसाब से सबेरे 10 बजे सुरू होई।

भारत के नजर गोल्ड मेडल पs

श्रेयस अय्यर के कप्तानी में एशियन गेम्स में हिस्सा लेवे पहुंचल भारतीय टीम टूर्नामेंट से बहुत पहिले जापान पहुंच गइल रहे, ताकि खिलाड़ी मौसम आ स्थानीय परिस्थितियन के हिसाब से अपना के तइयार कs सके लो।

टीम इंडिया मेजबान जापान के खिलाफ एगो टी20 मुकाबला खेलले रहे। हालांकि बारिश के चलते ई मैच 5-5 ओवर के कs दिहल गइल रहे। भारतीय टीम ई मुकाबला अपना नामे करे में सफल रहल।

अब एशियन गेम्स 2026 में भारतीय क्रिकेट टीम 28 सितंबर के अफगानिस्तान के खिलाफ क्वार्टर फाइनल मुकाबला से आपन अभियान सुरू करी। पिछिला एशियन गेम्स में भारतीय टीम गोल्ड मेडल जीते में सफल रहल रहे। अबकियो बेर टीम के नजर आपन खिताब बचावे आ एक बेर फेर स्वर्ण पदक जीते पs बा।

ओहिजा, अफगानिस्तान के ग्रुप स्टेज में प्रदर्शन खास ना रहे। नेपाल के खिलाफ खेलल मुकाबला में अफगानिस्तान के 5 विकेट से हार झेले के पड़ल रहे।

नेपाल के सामना श्रीलंका से

ग्रुप-ए में टॉप पs रहल नेपाल के टीम क्वार्टर फाइनल में आपन जगह पक्का कs लेले बा। अब नेपाल के सामना 29 सितंबर के श्रीलंका के टीम से होई।

क्वार्टर फाइनल में पहुंचे वाली बाकी दूगो टीम के फैसला ग्रुप-बी के मुकाबला के बाद होई। ग्रुप-बी में टॉप पs रहे वाली टीम के क्वार्टर फाइनल में बांग्लादेश से भिड़ंत होई, जबकि दूसरा स्थान पs रहे वाली टीम के सामना पाकिस्तान से होई।

Read Also: Kabaddi Gold Medal : भारतीय महिला कबड्डी टीम रचलस इतिहास, ईरान के हराके एशियन गेम्स में गोल्ड मेडल पs कइलस कब्जा

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.