Mumbai Kandivali Fire : मुंबई के कांदिवली में कमर्शियल बिल्डिंग में लागल आग, 11 लोग सुरक्षित रेस्क्यू

By Shweta Supriya

Published on: Aug 17, 2026

मुंबई। महाराष्ट्र के मुंबई में सोमार के तड़के कांदिवली इलाका में एगो चार मंजिला कमर्शियल बिल्डिंग में भीषण आग लाग गइल। आग लगला के बाद पूरा बिल्डिंग धुआं से भर गइल। घटना के सूचना मिलते

Share

Mumbai Kandivali Commercial Building Fire

मुंबई। महाराष्ट्र के मुंबई में सोमार के तड़के कांदिवली इलाका में एगो चार मंजिला कमर्शियल बिल्डिंग में भीषण आग लाग गइल। आग लगला के बाद पूरा बिल्डिंग धुआं से भर गइल। घटना के सूचना मिलते दमकल विभाग के टीम तुरंत मवका पs पहुंचल आ राहत-बचाव के काम सुरू कइलस।

दमकलकर्मी सीढ़ी के मदद से बिल्डिंग के दूसरका मंजिल पs मवजूद लॉजिंग हाउस से 11 लोग के सुरक्षित बाहर निकाल लिहल लो। राहत के बात ई बा कि घटना में अब तक कवनो आदमी के घायल होखे भा मौत के सूचना नइखे।

भोर में अभिराई होटल में लागल आग

जानकारी के मोताबिक, कांदिवली स्टेशन रोड इस्थित अभिराई होटल में सोमार के भोर करीब 4:14 बजे अचानक आग लाग गइल। कुछे देर में धुआं पूरा बिल्डिंग में फइल गइल। आग के सूचना मिलते दमकल विभाग के चार गो गाड़ी सहित कइयन गो राहत वाहन मवका पs पहुंचल।

दमकलकर्मी तेजी से कार्रवाई करत दूसरका मंजिल पs फंसल लोगन के सुरक्षित बाहर निकालल लो। सुरुआती जानकारी के अनुसार, बिल्डिंग में मवजूद 11 लोग के समय रहते रेस्क्यू कs लिहल गइल बा।

बिजली के वायरिंग आ फर्नीचर तक सीमित रहल आग

नगर निकाय के अधिकारी के मोताबिक, आग मुख्य रूप से कमर्शियल बिल्डिंग के बिजली के वायरिंग आ इंस्टॉलेशन, लकड़ी के फर्नीचर, तिरपाल, बांस आउर एल्युमीनियम आ प्लास्टिक के सजावटी शीट तक सीमित रहल।

अधिकारी बतवलें कि आग के कारण अब तक कवनो व्यक्ति के घायल होखे के सूचना नइखे। हालांकि, आग से बिल्डिंग के सामान के नुकसान भइल बा।

करीब दु घंटा में आग पs पावल गइल काबू

आग बुझावे खातिर दमकल विभाग के कम से कम चार गो गाड़ी तैनात कइल गइल। दमकलकर्मियन के लगातार कोसिस के बाद करीब सबेरे 6:07 बजे आग पs काबू पा लिहल गइल।

फिलहाल घटनास्थल के जांच कइल जा रहल बा। आग आखिर कइसे लागल, एकर सही कारण पता करे खातिर संबंधित विभाग जांच में जुटल बा। अधिकारियन के कहनाम बा कि जांच पूरा भइला के बाद आग के असली वजह सामने आई।

Read Also: Lucknow Student Protest : लखनऊ में फेर सड़क पs छात्रा लो, शिक्षकन के कमी सहित बदहाल बेवस्था के खिलाफ प्रदर्शन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.