Lucknow Student Protest : लखनऊ में फेर सड़क पs छात्रा लो, शिक्षकन के कमी सहित बदहाल बेवस्था के खिलाफ प्रदर्शन

Lucknow Sarvodaya School Student Protest

Share

लखनऊ। राजधानी लखनऊ के पारा इस्थित जयप्रकाश नारायण सर्वोदय विद्यालय में पढ़ाई आ बुनियादी सुविधा के बदहाली के खिलाफ छात्र-छात्रा के नाराजगी बढ़त जा रहल बा। सुक के छात्रन के प्रदर्शन के बाद अब सोमार के विद्यालय के छात्रा लो सड़क पs उतर आइल। छात्रा लोग शिक्षकन के कमी, खराब खाना आ इलाज के पर्याप्त बेवस्था ना होखला सहित कइयन गो समस्या के खिलाफ जोरदार प्रदर्शन कइल।

बरखा के बीचे छात्रा लोग घंटन धरना पs डटल रहल। प्रदर्शन के चलते बालागंज चौराहा पs यातायात प्रभावित हो गइल आ सड़क के दुनु ओर वाहनन के लमहर कतार लाग गइल।

- Sponsored Ads-

स्कूल से निकल के सड़क पs पहुंचल लो

सोमार के सबेरे छात्रा विद्यालय परिसर से बाहर निकल के अबेवस्था के खिलाफ नारेबाजी सुरू कइल लो। सबसे पहिले छात्रा दुबग्गा बाईपास पहुंचल लो। कुछ देर विरोध जतवला के बाद जुलूस के रूप में बालागंज चौराहा पहुंचल लो।

चौराहा पs छात्रा लो सड़क के बीच में घेरा बनाके बइठ गइल। छात्रन के प्रदर्शन आ नारेबाजी से पूरा इलाका गूंज उठल। सड़क जाम होखला के चलते आम लोग के आवाजाही में परेसानी भइल।

फिजिक्स आ केमिस्ट्री के शिक्षक ना होखे के आरोप

प्रदर्शन कs रहल छात्रा लोगन के सबसे बड़ मुद्दा शिक्षकन के कमी रहल। छात्रा लोगन के कहनाम बा कि स्कूल में फिजिक्स, केमिस्ट्री सहित कइयन गो महत्वपूर्ण विषय के पर्याप्त शिक्षक नइखे लो। एकरा से बोर्ड परीक्षा के तइयारी प्रभावित हो रहल बा।

छात्रा लोग खराब खाना, बेमार पड़ला पs समय पs इलाज ना मिले आ विद्यालय के आउर बुनियादी सुविधन के कमी के मुद्दा उठावल।

पुलिस के आश्वासन के बाद खतम भइल धरना

प्रदर्शन के जानकारी मिलतही पुलिस बल आ प्रशासनिक अधिकारी मवका पs पहुंचल लो। अधिकारी लो छात्रा लोगन से बातचीत कs के ओह लो के मांग के शासन तक पहुंचावे आ समस्या के समाधान के भरोसा दिहल।

पुलिस दुबग्गा चौराहा पs प्रदर्शन समाप्त करववलस। हालांकि, छात्रा मुख्यमंत्री आवास के ओर जाये के कोसिस कइल। बाद में पुलिस ओह लोगन के बालागंज चौराहा पs रोक के वापस कs देलस।

करीब 10 बजे अधिकारियन के आश्वासन के बाद छात्रा लोग धरना समाप्त कइल। प्रदर्शन खतम होखला के बाद सड़क पs यातायात सामान्य हो गइल।

तीन दिन पहिलहू भइल रहे छात्रन के प्रदर्शन

एह विद्यालय में अबेवस्था के खिलाफ कुछ दिन पहिलहू छात्र प्रदर्शन कइले रहे लो। सुक के छात्रन के जोरदार हंगामा के बाद समाज कल्याण मंत्री असीम अरुण आ विभाग के निदेशक अनुराग यादव मवका पs पहुंचल रहे लो।

अधिकारी लोग छात्रन से बातचीत कs के जल्दी समस्या दूर करे के भरोसा देले रहे। हालांकि, छात्रा लोगन के कहनाम रहे कि समस्या के ठोस समाधान ना होखला के कारण ओह लोगन के सोमार के मजबूरी में सड़क पs उतरे के पड़ल।अब छात्रा लोगन के मांग पs प्रशासन का डेग उठावेला, एह पs सब केहू के नजर बा।

Read Also: Nag Panchami 2026 : नाग पंचमी पs सावन सोमार के संजोग में करीं ई खास उपाय, कालसर्प दोष से मिल सकेला राहत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-