12 अगस्त 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 12, 2026

दिनांक- 12/08/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग श्रावण कृष्ण पक्ष तिथि– अमावस्या रात के 11 बजके 06 मिनट ले, ओकरा बाद प्रतिपदा। दिन- बुध। पुष्य नक्षत्र सबेरे के 07 बजके 59 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 12/08/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

श्रावण कृष्ण पक्ष

तिथि– अमावस्या

रात के 11 बजके 06 मिनट ले,

ओकरा बाद प्रतिपदा।

दिन- बुध।

पुष्य नक्षत्र

सबेरे के 07 बजके 59 मिनट ले,

ओकरा बाद आश्लेषा नक्षत्र।

व्यातीपात जोग

दिन के 03 बजके 25 मिनट ले,

ओकरा बाद वरीयान जोग।

चतुष्पद करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 13/08/2026

श्रावण शुक्ल पक्ष

तिथि- प्रतिपदा

रात के 08 बजके 41 मिनट ले।

दिन- बियफे।

आश्लेषा नक्षत्र

सबेरे के 06 बजके 06 मिनट ले।

वरीयान जोग

दिन के 12 बजके 15 मिनट ले।

किस्तुघन करण।

 

आज के राशिफल

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज कामकाज में मेहनत के अच्छा नतीजा मिल सकेला। नौकरी करे वाला लोगन के नया जिम्मेदारी मिल सकेला। परिवार के सहजोग से मन खुस रही। बेवजह के बहस से बचे के कोसिस करीं।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा,वी,वू,वे,वो से सुरू होला)

आज आर्थिक इस्थिति मजबूत हो सकेला। पुरान रुकल काम पूरा होखे के संभावना बा। बेयपार में फायदा मिल सकेला। परिवार के सदस्यन के संगे समय बितावे से खुसी मिली।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज बातचीत में सावधानी बरतीं। काम के जगह पs नया योजना पs काम सुरू हो सकेला। संघतिया भा करीबी से मदद मिली। खरचा बढ़ सकेला, एहसे बजट बना के चलीं।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

आज परिवार के माहौल सुखद रही। नौकरी में अधिकारियन से सहजोग मिल सकेला। पुरान परेसानी के समाधान निकले के उम्मेद बा। सेहत के नजरअंदाज मत करीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास मजबूत रही। कामकाज में सफलता मिल सकेला आ मान-सम्मान बढ़ी। नया काम सुरू करे खातिर दिन ठीक बा। खीस पs नियंत्रण रखीं।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज मेहनत के पूरा फल मिल सकेला। पढ़ाई करे वाला छात्रन खातिर दिन अच्छा बा। आर्थिक फैसला सोच-विचार के बाद लीं। परिवार में कवनो सुभ खबर मिल सकेला।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज साझेदारी वाला काम में फायदा हो सकेला। दांपत्य जिनगी में मधुरता बनी। नया लोगन से मुलाकात भविष्य में फायदेमंद साबित हो सकेला। फिजूल खरचा से बचीं।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज काम के दबाव बढ़ सकेला, बाकिर धैर्य रखला से सफलता मिली। कवनो पुरान योजना पूरा हो सकेला। धन से जुड़ल फैसला जल्दबाजी में मत लीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज जतरा के जोग बन सकेला। करिअर में आगे बढ़े के नया अवसर मिली। परिवार के समर्थन से जरूरी काम पूरा होई। सकारात्मक सोच बनवले रखीं।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जिम्मेदारी बढ़ सकेला। नौकरी आ बेयपार में मेहनत के अच्छा परिणाम मिली। घर-परिवार के कवनो जरूरी काम पूरा हो सकेला। थकान महसूस हो सकेला।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया विचार से फायदा मिल सकेला। संघतिया के सहजोग मिली। नौकरी में बदलाव भा नया मवका मिल सकेला। निवेश करे से पहिले पूरा जानकारी जरूर लीं।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन शांत रही आ धार्मिक भा आध्यात्मिक काम में रुचि बढ़ी। परिवार के संगे अच्छा समय बीती। आर्थिक इस्थिति में सुधार के संकेत बा। कवनो जरूरी फैसला सोच-समझ के लीं।

 

Read Also: POCO M8 Power Launch Date : 4 अगस्त के भारत में लॉन्च होई 8000mAh बैटरी वाला दमदार स्मार्टफोन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.