[the_ad_group id="30365"]

Mamata Banerjee : ‘जानो जा सकत रहे’, ममता के काफिला पs ईंट-पत्थर आ जूता-चप्पल से हमला, बीजेपी पs लगवली आरोप

Mamata Banerjee announces TMC candidate list for West Bengal Assembly Elections
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के पूर्व मुख्यमंत्री ममता बनर्जी अतवार के आरोप लगवली कि उत्तर 24 परगना में मृत तृणमूल कांग्रेस कार्यकर्ता बिरजू केवट के परिवार से मिले जाये के दौरान उनकर काफिला प्रदर्शनकारी लोग रोक दिहल।

ममता बनर्जी के मोताबिक, प्रदर्शनकारी उनका कार पs पत्थर, पानी के बोतल आ जूता-चप्पल फेंकल। उनकर इहो दावा बा कि प्रदर्शनकारी उनकरा के ‘चोर’ कह के नारा लगावत रहे लो।

ममता के कार पs बड़-बड़ पत्थर फेंके के आरोप

ममता बनर्जी कहली कि उनका कार पs बड़-बड़ पत्थर फेंकल गइल। ऊ दावा कइली कि अगर कार के खिड़की खुलल रहित तs उनका गंभीर चोट लाग सकत रहे। उनकर कहनाम रहे कि हमला एतना खतरनाक रहे कि गाड़ी में मवजूद लोगन के जानो जा सकत रहे।

पुलिस के मवजूदगी में हमला के दावा

पूर्व मुख्यमंत्री आरोप लगवली कि घटना के समय पुलिस मवजूद रहे, बाकिर प्रदर्शनकारियन के रोके खातिर पुलिस पर्याप्त कार्रवाई ना कइलस। ममता के कहनाम बा कि पुलिस के सामने उनका वाहन पs हमला होखल गंभीर चिंता के विषय बा।

पुलिस पs बीजेपी के संरक्षण देवे के आरोप

ममता बनर्जी पुलिस के भूमिका पs सवाल उठवली। ऊ आरोप लगवली कि पुलिस बीजेपी के संरक्षण दे रहल बिया। पूर्व मुख्यमंत्री कहली कि अपना राजनीतिक जिनगी में अइसन घटना ऊ पहिले कबो ना देखले रहली। उनका मोताबिक, पुलिस के मवजूदगी में काफिला पs हमला होखल कानून-बेवस्था के गंभीर सवाल खड़ा करेला।

हालांकि, ई पूरा ममिला ममता बनर्जी के ओर से लगावल गइल आरोपन पs आधारित बा। घटना के संबंध में पुलिस आ बीजेपी के विस्तृत पक्ष सामने आइल तs ओकरा से इस्थिति आउर साफ हो सकेला।

Read Also: JPSC-JSSC Student Protest : 14वीं JPSC परीक्षा रद्द हो सकेला, TDPL के वित्तीय लेनदेन के ED करी जांच

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]