JPSC-JSSC Student Protest : 14वीं JPSC परीक्षा रद्द हो सकेला, TDPL के वित्तीय लेनदेन के ED करी जांच

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 9, 2026

रांची। JPSC-JSSC परीक्षा में गड़बड़ी के आरोप के खिलाफ छात्र आंदोलन के 16वां दिन सरकार आ छात्र प्रतिनिधिमंडल के बीच तीसरा दौर के बातचीत सुरू भइल बा। छात्रन के प्रतिनिधिमंडल रांची के स्टेट गेस्ट हाउस

Share

Ranchi students protesting against JPSC JSSC exam irregularities

रांची। JPSC-JSSC परीक्षा में गड़बड़ी के आरोप के खिलाफ छात्र आंदोलन के 16वां दिन सरकार आ छात्र प्रतिनिधिमंडल के बीच तीसरा दौर के बातचीत सुरू भइल बा। छात्रन के प्रतिनिधिमंडल रांची के स्टेट गेस्ट हाउस पहुंचल, जहां चार मंत्रियन के दल के संगे बातचीत चल रहल बा। स्टेट गेस्ट हाउस के बाहर सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कइल गइल बा।

TDPL के वित्तीय लेनदेन के ED कs सकेला जांच

सूत्रन के मोताबिक, सरकार JPSC परीक्षा आयोजित करे वाली एजेंसी TDPL के वित्तीय लेनदेन के जांच ED से करावे पs सहमत हो सकेले। सूत्र बतावत बा लो कि एजेंसी के आर्थिक गतिविधियन से जुड़ल कुछ ममिला सामने आइल बा।

सरकार इहो भरोसा देलस कि CID के सउपल गइल ममिलन के जांच 90 दिन के भीतर पूरा करे के कोसिस कइल जाई।

JPSC 14 आ बैकलॉग 25 परीक्षा रद्द करे के प्रस्ताव

बातचीत में सरकार के ओर से कइयन गो प्रस्ताव रखल गइल बा। एमे JPSC 14 आ बैकलॉग 25 के परीक्षा रद्द करे के प्रस्ताव सामिल बा।

एकरा अलावे TDPL के ओर से आयोजित बाकी परीक्षा के जांच करे के बात कहल गइल बा। परीक्षा बेवस्था में सुधार खातिर IIT ISM, XLRI जइसन संस्थानन से सलाह लेवे पs विचार हो रहल बा।

16वां दिन जारी बा छात्र आंदोलन

JPSC-JSSC में कथित गड़बड़ी के खिलाफ छात्रन के आंदोलन आज 16वां दिन में पहुंच गइल बा। कइयन गो छात्र भूख हड़ताल पs बा लो। छात्रन के मुख्य मांग बा कि विवादित परीक्षन के रद्द कइल जावs आ गड़बड़ी के ममिलन के CBI जांच करावल जावs।

एह मुद्दा पs सरकार आ छात्रन के बीच पहिले दू दौर के बातचीत हो चुकल बा, बाकिर अब तक कवनो अंतिम फैसला नइखे भइल।

मांग ना मानल गइल तs विधानसभा घेराव

छात्रन के कहनाम बा कि जदि बातचीत में ओह लोगन के मांग ना मानल गइल, तs 10 अगस्त के विधानसभा घेराव कइल जाई। छात्र आंदोलन के विपक्षी दलन सहित कइयन गाे छात्र संगठनन के समर्थन मिल रहल बा।

सरकार आ छात्र प्रतिनिधिमंडल के बीच चल रहल तीसरा दौर के बातचीत के बाद अब सब केहू के नजर अंतिम फैसला पs टिकल बा।

Read Also: Solar Eclipse : 12 अगस्त के आसमान में लउकी अद्भुत नजारा, सूर्य ग्रहण के संगे छव ग्रह आई एक लाइन में, जानीं भारत में देखाई दी कि ना?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.