Rail News : लखनऊ में ओएचई काम खातिर कइयन गो ट्रेनन के रूट बदलल गइल, गोरखधाम आ हमसफर एक्सप्रेस के नया शेड्यूल जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 25, 2026

गोरखपुर। यात्रियन खातिर एगो जरूरी खबर बा। लखनऊ रेलवे स्टेशन पs ओएचई (ओवर हेड इक्विपमेंट) बदलाव के काम के चलते पूर्वोत्तर रेलवे कइयन गो ट्रेनन के संचालन में बदलाव कइले बा। गोरखधाम एक्सप्रेस, हमसफर एक्सप्रेस

Share

भारतीय रेलवे: फोटो

गोरखपुर। यात्रियन खातिर एगो जरूरी खबर बा। लखनऊ रेलवे स्टेशन पs ओएचई (ओवर हेड इक्विपमेंट) बदलाव के काम के चलते पूर्वोत्तर रेलवे कइयन गो ट्रेनन के संचालन में बदलाव कइले बा। गोरखधाम एक्सप्रेस, हमसफर एक्सप्रेस सहित कइयन गो प्रमुख ट्रेन अब निर्धारित रूट के बजाय बदलल रास्ता से चलावल जाई।

पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी सुमित कुमार के मोताबिक, उत्तर रेलवे के लखनऊ स्टेशन पs होखे वाला तकनीकी काम के चलते कुछ ट्रेनन के शॉर्ट टर्मिनेशन, ओरिजिनेशन आ रूट डायवर्जन कइल गइल बा।

गोरखधाम आ हमसफर एक्सप्रेस के बदली रूट

  • रेलवे के जानकारी के अनुसार, 11 जुलाई से 13 सितंबर तक चले वाली 12555 गोरखपुर-बठिंडा गोरखधाम एक्सप्रेस अब बाराबंकी-मल्हौर-ऐशबाग-मानकनगर के रास्ते चलावल जाई।
  • एही तरे 12571 गोरखपुर-आनंद विहार टर्मिनस हमसफर एक्सप्रेस आ 12595 गोरखपुर-आनंद विहार टर्मिनस हमसफर एक्सप्रेस के कइयन गो तारीख पs बाराबंकी-मल्हौर-ऐशबाग-मानकनगर रूट से चलावे के फैसला लिहल गइल बा।

कइयन गो लमहर दूरी के ट्रेन प्रभावित

रेलवे के अनुसार, 11080 गोरखपुर-लोकमान्य तिलक टर्मिनस एक्सप्रेस, 15065 गोरखपुर-पनवेल एक्सप्रेस, 15067 गोरखपुर-बांद्रा टर्मिनस एक्सप्रेस, 22922 गोरखपुर-बांद्रा टर्मिनस एक्सप्रेस सहित कइयन गो ट्रेन के मार्ग में बदलाव कइल गइल बा।

ओहिजा, मुंबई, पुणे आ साबरमती से गोरखपुर आवे वाली ट्रेन बदलल रूट से चलावल जाई। कुछ ट्रेन कानपुर सेंट्रल-ऐशबाग-मल्हौर-बाराबंकी के रास्ते संचालित होई।

रेलवे यात्रिन से अपील कइले बा कि यात्रा करे से पहिले आपन ट्रेन के इस्थिति आ नया रूट जरूर जांच लीं। ओएचई काम पूरा होखला के बाद ट्रेन फेर से अपना पुरान मार्ग पs चलिहें सs। रेलवे प्रशासन के कहनाम बा कि यात्रियन के सुविधा आ सुरक्षा के धेयान में रखत ई बदलाव कइल गइल बा। तकनीकी काम पूरा होखला के बाद सामान्य संचालन बहाल कs दिहल जाई।

Read Also: Bihar Politics : राबड़ी देवी के बंगला खाली करे के अल्टीमेटम, भवन निर्माण विभाग देलस 7 दिन के मोहलत

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.