Tej Pratap Yadav Y Plus Security :  बिहार चुनाव के बीच केंद्र सरकार के बड़ फैसला, तेज प्रताप यादव के मिलल Y प्लस सिक्योरिटी

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 9, 2025

पटना। लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा आ जनशक्ति जनता दल के मुखिया तेज प्रताप यादव के सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा। मिलल जानकारी के मोताबिक गृह मंत्रालय उनकर सुरक्षा के स्तर बढ़ावत अब Y-प्लस

Share

Tej Pratap Yadav addressing supporters in Mahua, sends message to Tejashwi Yadav during Bihar Election 2025.

पटना। लालू प्रसाद यादव के बड़ बेटा आ जनशक्ति जनता दल के मुखिया तेज प्रताप यादव के सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल बा। मिलल जानकारी के मोताबिक गृह मंत्रालय उनकर सुरक्षा के स्तर बढ़ावत अब Y-प्लस कैटेगरी के सुरक्षा देवे के आदेस देले बा।

अब साथ रहिहें 11 सशस्त्र जवान

Y-प्लस कैटेगरी में सीआरपीएफ (CRPF) के 11 जवान सुरक्षा में लागल रही लोग। एमे कमांडो, पर्सनल सिक्योरिटी ऑफिसर (PSO) आ स्थानीय पुलिस के जवान सामिल रहेला लोग। हाले में सुरक्षा एजेंसी तेज प्रताप यादव के सुरक्षा रिपोर्ट गृह मंत्रालय के भेजले रहली सs, जवना के बाद ई फैसला कइल गइल बा।

नया पार्टी बना के लड़ रहल बाड़े चुनाव

तेज प्रताप यादव अब राजद से अलग होके आपन नया पार्टी जनशक्ति जनता दल बनवले बाड़ें। अबकि बेर ऊ आपन पार्टी से महुआ विधानसभा सीट से प्रत्याशी बाड़ें। तेज प्रताप के कहनाम बा कि ऊ जनता के मुद्दा आ साफ राजनीति के आधार पs चुनाव लड़त बाड़ें।

सुरक्षा के लेके जतवले रहस चिंता

बिहार में अपराध आ चुनावी तनाव बढ़ला के बीच तेज प्रताप यादव अपना सुरक्षा के लेके चिंता जतवले रहस। ऊ पीएम नरेंद्र मोदी आ केंद्र सरकार से खुला अपील कइले रहलें कि उनकर सुरक्षा बढ़ावल जावs।

मोकामा हत्याकांड के बाद तेज प्रताप कहले रहस- “बिहार में बढ़त आपराधिक घटना डर पैदा कs रहल बा। हम चाहत बानी कि प्रशासन हमरा के सुरक्षित माहौल देवे ताकि हम बिना डर के चुनाव प्रचार कs सकीं।”

का होला Y-प्लस कैटेगरी सुरक्षा में?

  • Y-प्लस श्रेणी में 11 सशस्त्र कमांडो हर समय तैनात रहेला लोग।
  • 5 जवान घर आ आसपास स्थायी रूप से सुरक्षा देवे खातिर रहेला लोग।
  • 6 पीएसओ (Personal Security Officer) तीन-तीन शिफ्ट में दिन-रात वीआईपी के साथ रहेलन।

ई सुरक्षा श्रेणी ओह लोगन के मिलेला जेकरा ऊपर सुरक्षा संबंधी खतरा साबित हो चुकल होखे।

Read Also: Gorakhpur Pustak Mahotsav : गोरखपुर पुस्तक महोत्सव के आज होई समापन

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.