Kolkata Accident : तारातला में बनत गोदाम भरभराके गिरल, पांच लोगन के मौत के आशंका, कइयन गो मजदूर अभियो फंसल बा लोग

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 24, 2026

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के राजधानी कोलकाता के तारातला इलाका में बुध के दिने एगो बड़ हादसा हो गइल। इहां निर्माणाधीन गोदाम अचानक भरभराके गिर गइल। एह हादसा में अब तक पांच लोगन के मौत होखे

Share

Kolkata Taratala Warehouse Collapse: Rescue Operation Underway After Accident

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के राजधानी कोलकाता के तारातला इलाका में बुध के दिने एगो बड़ हादसा हो गइल। इहां निर्माणाधीन गोदाम अचानक भरभराके गिर गइल। एह हादसा में अब तक पांच लोगन के मौत होखे के आशंका जतावल जा रहल बा। पुलिस के मोताबिक, मलबा के नीचे अभियो कइयन गो लोग दबल हो सकेला। ई घटना तारातला में ब्रेस ब्रिज के लगे ट्रांसपोर्ट डिपो रोड पs बनत गोदाम में भइल।

दुपहरिया के समय अचानक ढह गइल गोदाम

कोलकाता पुलिस के एगो अधिकारी बतवलें कि हादसा बुध के दुपहरिया करीब 12 बजे भइल। ओह समय गोदाम के छत अचानक गिर गइल। घटना के समय गोदाम में कइयनग गो मजदूर काम करत रहे लाेग।

पुलिस के अंदेसा बा कि मलबा के नीचे अभियो कइयन गो मजदूर फंसल हो सकेला लोग। राहत के बात ई बा कि बचाव टीम अब तक चार लोगन के सुरक्षित बाहर निकाल लेले बिया।

कइयन गो टीम राहत आ बचाव के काम में जुटल

हादसा के जानकारी मिलतही प्रशासन तुरंत राहत आ बचाव अभियान सुरू कs देलस। घटनास्थल पs कोलकाता पुलिस, आपदा प्रबंधन समूह (DMG), सिविल डिफेंस आ दमकल विभाग के टीम तैनात बाड़ी सs।

एह बचाव अभियान में सेना के अधिकारियो मदद कs रहल बा लोग। मलबा हटावे खातिर क्रेन आ भारी मशीन के इस्तेमाल कइल जा रहल बा।

प्रशासन जारी कइल हेल्पलाइन नंबर

घटना के बाद राज्य सचिवालय में आपदा प्रबंधन समूह कंट्रोल रूम सुरू कइले बा। प्रशासन लोग खातिर हेल्पलाइन नंबर जारी कइले बा:

  • 1070
  • 8697981070
  • 033-22143526
  • 033-22535185

अधिकारी लगातार घटनास्थल के निगरानी करत बा लोग। राहत दल के पहिला प्राथमिकता मलबा में फंसल लोगन के जल्दी से जल्दी बाहर निकालल बा। बचाव अभियान तेजी से जारी बा।

Read Also: Bhojpur Encounter : विवाद के बाद पुलिस मुख्यालय के बड़ फैसला, जगदीशपुर डीएसपी बदलल गइलें, पंकज मिश्रा संभरिहें कमान

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.