Bhojpur Encounter : विवाद के बाद पुलिस मुख्यालय के बड़ फैसला, जगदीशपुर डीएसपी बदलल गइलें, पंकज मिश्रा संभरिहें कमान

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 24, 2026

आरा। भोजपुर जिला के शाहपुर थाना क्षेत्र के बिलौटी गांव में भरत भूषण तिवारी कथित मुठभेड़ ममिला के बाद पुलिस मुख्यालय बड़ प्रशासनिक बदलाव कइले बा। प्राथमिकी में आरोपी बनावल गइल जगदीशपुर डीएसपी राजेश कुमार

Share

Bhojpur Encounter Case: Jagdishpur DSP Transferred, Pankaj Mishra Gets Charge

आरा। भोजपुर जिला के शाहपुर थाना क्षेत्र के बिलौटी गांव में भरत भूषण तिवारी कथित मुठभेड़ ममिला के बाद पुलिस मुख्यालय बड़ प्रशासनिक बदलाव कइले बा। प्राथमिकी में आरोपी बनावल गइल जगदीशपुर डीएसपी राजेश कुमार शर्मा के तत्काल प्रभाव से मुख्यालय क्लोज कs दिहल गइल बा। उनका जगह पs पंकज कुमार मिश्रा के नया जगदीशपुर एसडीपीओ के जिम्मेदारी सउपल गइल बा। ई आदेस बिहार पुलिस मुख्यालय से जारी कइल गइल बा।

पुलिस महानिदेशक विनय कुमार के स्तर से जारी आदेस में बतावल गइल बा कि पंकज कुमार मिश्रा के जगदीशपुर डीएसपी के पद पs प्रतिनियुक्त कइल गइल बा। एकरा से पहिले पंकज मिश्रा मद्यनिषेध सह राज्य स्वापक नियंत्रण ब्यूरो में तैनात रहलें। अगिला आदेस तक अब ऊ जगदीशपुर अनुमंडल के पुलिस बेवस्था संभरिहें।

भरत तिवारी ममिला में डीएसपी पs दर्ज बा केस

गौर करे वाला बात बा कि भरत भूषण तिवारी के मौत के ममिला में मृतक के माई आशा देवी के बयान पs शाहपुर थाना में प्राथमिकी दर्ज भइल बा। एफआईआर में तत्कालीन जगदीशपुर डीएसपी राजेश कुमार शर्मा, तत्कालीन शाहपुर थानाध्यक्ष राजेश मालाकार सहित कथित मुठभेड़ में सामिल आउर पुलिसकर्मियन के आरोपी बनावल गइल बा। हत्या सहित कइयन गो गंभीर धारा में केस दर्ज भइला के बाद पुलिस मुख्यालय ई प्रशासनिक कार्रवाई कइले बा।

कइयन जगह दे चुकल बाड़ें सेवा

नवनियुक्त डीएसपी पंकज कुमार मिश्रा बिहार पुलिस सेवा के अधिकारी बाड़ें। एकरा से पहिले ऊ सुपौल जिला के वीरपुर अनुमंडल में डीएसपी आ पटना जिला के दानापुर (बिहटा) क्षेत्र में डीएसपी-2 के पद पs काम कs चुकल बाड़ें। अब उनका के जगदीशपुर अनुमंडल के जिम्मेदारी दिहल गइल बा।

जांच प्रक्रिया जारी

भरत भूषण तिवारी कथित एनकाउंटर ममिला में न्यायिक जांच सहित कइयन स्तर पs जांच चल रहल बा। अइसना में जगदीशपुर डीएसपी के बदलाव के प्रशासनिक स्तर पs एगो महत्वपूर्ण डेग मानल जा रहल बा।

Read Also: Bulandshahr News : बुलंदशहर में दुकान में घुसकर हिस्ट्रीशीटर के गोली मार के हत्या, 15 दिन पहिले जेल से छूटल रहे

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.