JP University : बिहार में जेपी विश्वविद्यालय के वेबसाइट पs चलल आपत्तिजनक वीडियो, WhatsApp ग्रुप में खबर फइलतही मचल हड़कंप

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 27, 2026

छपरा। जय प्रकाश विश्वविद्यालय के वेबसाइट सुक के रात अचानक विद्यार्थी आ शिक्षक लोग खातिर चउकावे वाला अनुभव बन गइल। jpv.ac.in पs क्लिक करतही वेबसाइट अपना से आगे बढ़े लागल आ एह दौरान स्क्रीन पs

Share

छपरा। जय प्रकाश विश्वविद्यालय के वेबसाइट सुक के रात अचानक विद्यार्थी आ शिक्षक लोग खातिर चउकावे वाला अनुभव बन गइल। jpv.ac.in पs क्लिक करतही वेबसाइट अपना से आगे बढ़े लागल आ एह दौरान स्क्रीन पs अश्लील फिलिम के साइट दिखाई देवे लागल।

करीब 1 मिनट 31 सेकेंड तक चले वाला एह क्रम में आपत्तिजनक वीडियो सामने आवत रहे। वेबसाइट खोले वाला कइयन गो विद्यार्थी जब एक-दूसरा के एकर जानकारी दिहल लो तs ममिला अलग-अलग WhatsApp ग्रुप तक पहुंच गइल। एकरा बाद विश्वविद्यालय प्रशासन में हड़कंप मच गइल।

वेबसाइट खुलतही दिखे लागल आपत्तिजनक कंटेंट

बतावल गइल कि सुक के रात से वेबसाइट खोलला पs सामान्य शैक्षणिक जानकारी के जगह आपत्तिजनक सामग्री दिखाई देत रहे। वेबसाइट पs क्लिक करतही वीडियो अपने से आगे बढ़त रहे। एह दौरान अश्लील फिलिम से जुड़ल साइट स्क्रीन पs आ जात रहे। ममिला सामने अइला के बाद विद्यार्थी आ शिक्षकन के बीच एकरा के लेके चरचा सुरू हो गइल।

वेबसाइट हैक भइल रहे भा पुरान साइट में तकनीकी गड़बड़ी?

आपत्तिजनक सामग्री वेबसाइट पs कइसे पहुंचल, एह बारे में फिलहाल इस्थिति साफ नइखे। विश्वविद्यालय प्रशासन ई पुष्टि नइखे कs सकल कि वेबसाइट हैक भइल रहे भा कवनो अउरी तकनीकी कारण से ई सामग्री दिखाई पड़ल। हालांकि, विश्वविद्यालय के ओर से वेबसाइट के तकनीकी इस्थिति के जांच सुरू कs दिहल गइल बा।

समस्या ठीक कइल गइल

जेपी विश्वविद्यालय के आईटी सेल प्रभारी डॉ. विद्याधर बतवलें कि वेबसाइट के समस्या के ठीक कs लिहल गइल बा। ऊ कहलें कि पुरान वेबसाइट के चलते तकनीकी परेसानी सामने आइल रहे। ममिला के देखल जा रहल बा आ एकर तकनीकी जांच कइल जा रहल बा।

दोषियन पs कार्रवाई के मांग

शोध विद्यार्थी संगठन के छात्र नेता उज्ज्वल कुमार सिंह ममिला के जांच करा के जिम्मेदारी तय करे के मांग कइले बाड़ें। ऊ कहलें कि विश्वविद्यालय के आधिकारिक वेबसाइट पs एह तरे के आपत्तिजनक सामग्री के दिखाई पड़ल गंभीर ममिला बा। एकर जांच करा के दोषी लोगन के खिलाफ कार्रवाई होखे के चाहीं।

Read Also: Ayodhya Ramleela : मिस यूनिवर्स माता सीता आ रवि किशन निभइहें प्रभु राम के किरदार, 10 अक्टूबर से होई सुरुआत

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.