Ayodhya Ramleela : मिस यूनिवर्स माता सीता आ रवि किशन निभइहें प्रभु राम के किरदार, 10 अक्टूबर से होई सुरुआत

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 27, 2026

अयोध्या। विश्वप्रसिद्ध अयोध्या के रामलीला में एह साल मिस यूनिवर्स इंडिया 2026 केजिया लिज मेजो माता सीता के भूमिका में नजर अइहें। सांसद आ मशहूर अभिनेता रवि किशन प्रभु श्रीराम के किरदार निभइहें। ई भव्य

Share

Ayodhya Ramleela 2026 Ravi Kishan as Lord Ram and Miss Universe as Sita

अयोध्या। विश्वप्रसिद्ध अयोध्या के रामलीला में एह साल मिस यूनिवर्स इंडिया 2026 केजिया लिज मेजो माता सीता के भूमिका में नजर अइहें। सांसद आ मशहूर अभिनेता रवि किशन प्रभु श्रीराम के किरदार निभइहें। ई भव्य आयोजन 10 से 20 अक्टूबर तक दिल्ली के प्रतिष्ठित कॉन्स्टिट्यूशन क्लब के मावलंकर हॉल में होई।

एह दौरान भव्य सेट, अत्याधुनिक तकनीक आ विशाल एलईडी स्क्रीन के माध्यम से त्रेतायुग के जीवंत कइल जाई। रामलीला खातिर 120 फीट लमहर एलईडी टीवी स्क्रीन लगावल जाई।

सात साल से लगातार हो रहल बा भव्य आयोजन

रामलीला के संस्थापक आ अध्यक्ष सुभाष मलिक बतवलें कि पिछिला सात साल से लगातार अयोध्या के पावन धरती पs एह रामलीला के भव्य आयोजन होत आ रहल बा। पिछिला साल एह रामलीला के ऑनलाइन आ ऑफलाइन माध्यम से करीब 62 करोड़ दर्शक देखले रहे लो। एहु साल 80 से जादे सैटेलाइट चैनल पs 40 भाषा में एकर प्रसारण होई। एह माध्यम से 60 से जादे देसन तक रामभक्ति के सनेस पहुंचावल जाई।

ऊ इहो बतवलें कि अयोध्या में रामलीला के नवां संस्करण 15 जनवरी से 25 जनवरी 2027 तक आयोजित होई। एह भव्य आयोजन के महासचिव शुभम मलिक आ उपाध्यक्ष जतिन मलिक बाड़ें।

कइयन गो दिग्गज कलाकार अलग-अलग भूमिका में आई लो

संस्थापक आ अध्यक्ष सुभाष मलिक के मोताबिक, एह साल के रामलीला में कइयन गो दिग्गज कलाकार अलग-अलग पात्र के जीवंत करत नजर आई लो। सांसद रवि किशन प्रभु श्रीराम के भूमिका में रहिहें, जबकि रजा मुराद रावण, बिंदु दारा सिंह कुंभकर्ण, अवतार गिल मेघनाद आ पुनीत इस्सर परशुराम के भूमिका में नजर अइहें।

सांसद आ भोजपुरी फिल्म स्टार मनोज तिवारी आ अरुण बख्शी सहित कइयन गो जानल-मानल कलाकार अलग-अलग महत्वपूर्ण भूमिका में नजर आई लो।

Read Also: IND vs WI : पहिला वनडे में बरखा के का बा अनुमान? अभी जान लीं तिरुवनंतपुरम के मौसम के हाल

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.