एजुकेशन डेस्क। सेन्ट्रल बोर्ड ऑफ सेकेंड्री एजुकेशन (CBSE) द्वारा 10वीं के दूसरका बोर्ड परीक्षा (2nd Board Exam) खातिर एडमिट कार्ड जारी कs दिहल गइल बा। जे छात्र-छात्रा ई परीक्षा में सामिल होखे जा रहल बा, ऊ लोग जल्दी से सीबीएसई के ऑफिशियल वेबसाइट cbse.gov.in पs जा के भा डायरेक्ट लिंक से आपन एडमिट कार्ड डाउनलोड कs सकेला। एडमिट कार्ड डाउनलोड करे खातिर लॉगिन डिटेल डालल जरूरी होई।
रेगुलर छात्र स्कूल से ले सकी एडमिट कार्ड
सब रेगुलर स्टूडेंट के जानकारी खातिर बतावल जा रहल बा कि ओह लोग के एडमिट कार्ड स्कूल के माध्यम से डाउनलोड कइल जाई। स्कूल आपन लॉगिन आईडी से एडमिट कार्ड निकाल के छात्रन में बांटी। जबकि प्राइवेट स्टूडेंट खुदे ऑनलाइन डायरेक्ट लिंक से एडमिट कार्ड डाउनलोड कs सकत बा लोग।
2nd बोर्ड परीक्षा टाइम टेबल
2nd बोर्ड एग्जाम टाइम टेबल
| डेट | विषय |
| 15 मई 2026 | Mathematics (Standard & Basic) |
| 16 मई 2026 | English (Communicative); English (Language & Literature) |
| 18 मई 2026 | Science |
| 19 मई 2026 | Hindi Course-A; Hindi Course-B, Punjabi; Bengali; Tamil, Telugu, Marathi; Gujarati; Manipuri, Malayalam, Odia, Kannada, ASSAMESE, Arabic, TIBETAN, FRENCH, GERMAN, NEPALI, LIMBOО, LEPCHА, HINDUSTANI MUSIC VOCAL, HINDUSTANI MUSIC (MEL INS), HOME SCIENCE, HINDI COURSE-B, BHOTI, TELUGU TELANGANAА, КОКВОROK, BODO, JAPANESE, BHUTIA, SPANISH, MIZO, SANSKRIT(COMMUNICATIVE), RAI, URDU COURSE-B, RETAIL, INTRODUCTION TO TOURISM |
| 20 मई 2026 | PAINTING, SANSKRIT, INFORMATION TECHNOLOGY, ARTIFICIAL INTELLIGENCE |
| 21 मई 2026 | SOCIAL SCIENCE |
परीक्षा के समय (Timing)
CBSE 10वीं के दूसरका बोर्ड परीक्षा 15 मई से 21 मई 2026 तक होई। परीक्षा खाली एके शिफ्ट में आयोजित कइल जाई।
- समय : सबेरे 10:30 बजे से दुपहर 1:30 बजे तक
- कुछ विषय: सुबह 10:30 बजे से दुपहर 12:30 बजे तक
परीक्षा में बइठे से पहिले एडमिट कार्ड जरूर डाउनलोड कs लीं आ प्रिंट निकाल के संगही ले जाईं। बिना एडमिट कार्ड के परीक्षा हॉल में प्रवेश ना मिली। समय से परीक्षा केंद्र पहुंचीं आ सब जरूरी दस्तावेज साथ में जरूर रखीं।
Read Also: Amritsar Blast : जालंधर के बाद अमृतसर में आर्मी कैंप के बाहर ब्लास्ट, टीन के चादर के नुकसान







