12 मई 2026 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: May 12, 2026

दिनांक- 12/05/2026 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष तिथि– दशमी रात के 02 बजके 52 मिनट ले, ओकरा बाद एकादशी। दिन- मंगर। पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र रात के 01 बजके 17 मिनट ले, ओकरा

Share

Rashifal : राशिफल

दिनांक- 12/05/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि– दशमी

रात के 02 बजके 52 मिनट ले,

ओकरा बाद एकादशी।

दिन- मंगर।

पूर्वभाद्रपदा नक्षत्र

रात के 01 बजके 17 मिनट ले,

ओकरा बाद उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र।

वैधृति जोग

रात के 11 बजके 19 मिनट ले,

ओकरा बाद विष्कुम्भ जोग।

विष्टि करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 13/05/2026

ज्येष्ठ कृष्ण पक्ष

तिथि- एकादशी

दिन के 01 बजके 30 मिनट ले।

दिन- बुध।

उत्तरभाद्रपदा नक्षत्र

दिन के 12 बजके 17 मिनट ले।

विष्कुम्भ जोग

रात के 08 बजके 54 मिनट ले।

बालव करण।

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज के दिन रउआ खातिर ऊर्जा से भरल रही। कामकाज में तेजी आई। नौकरी में सराहना मिल सकेला। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

आज तनिका सोच-समझ के फैसला लीं। धन के ममिला में सावधानी जरूरी बा। पुरान संघतिया से मुलाकात हो सकेला।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज राउर दिमाग तेज चली। नया योजना बन सकेला। पढ़ाई-लिखाई में सफलता मिल सकेला। जतरा के जोग बा।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

भावनात्मक रूप से तनिका कमजोर महसूस कs सकत बानी। परिवार के संगे समय बिताईं। स्वास्थ्य पs ध्यान दीं।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज आत्मविश्वास बढ़ल रही। काम में सफलता मिल सकेला। नया मवका हाथे लाग सकेला। समाज में मान-सम्मान बढ़ी।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

आज मेहनत के फल मिली। नौकरी में तरक्की के संकेत बा। खरचा पs कंट्रोल रखीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

आज संतुलन बना के रखीं। रिश्तन में मधुरता आई। आर्थिक इस्थिति ठीक रही।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज कुछ चुनौतियन के सामना करे के पड़ सकेला। धैर्य रखीं। जल्दबाजी में फैसला मत लीं।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

आज भाग्य साथ दी। जतरा के जोग बा। नया काम सुरू करे खातिर अच्छा दिन बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज जिम्मेदारी बढ़ी। ऑफिस में काम के दबाव रही। बाकिर मेहनत से सफलता मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

आज नया सोच आ आइडिया आई। बिजनेस में फायदा हो सकेला। परिवार से सहजोग मिली।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज मन शांत रही। आध्यात्मिक गतिविधि में मन लागी। आर्थिक इस्थिति में सुधार हो सकेला।

Read Also: Mobile Plans : 450 रुपिया से कम में 84 दिन के वैलिडिटी वाला प्लान, रोज के खर्चा बस 5.3 रुपिया

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.