स्पोर्ट्स डेस्क। एशियन गेम्स 2026 में भारत के खाता में तिसरका गोल्ड मेडल महिला कबड्डी के इवेंट से आइल बा। भारतीय महिला कबड्डी टीम ईरान के खिलाफ गोल्ड मेडल मुकाबला 37-34 के अंतर से जीत के इतिहास रच देलस। मुकाबला में दुनु टीम के बीच जबरदस्त टक्कर देखे के मिलल।
मैच के पहिलका हाफ से भारतीय टीम आपन बढ़त बनवले रखलस। एह दौरान टीम इंडिया ईरान के टीम के दू बेर ऑल आउट करे में सफल रहल। एशियन गेम्स 2026 में भारतीय महिला कबड्डी टीम के ग्रुप स्टेज से लेके गोल्ड मेडल मुकाबला तक सानदार विजयी अभियान जारी रहल।
पहिलका हाफ में भारत 22-16 से बनवलस बढ़त
एशियन गेम्स 2026 सुरू होखे से पहिलही भारतीय महिला कबड्डी टीम के गोल्ड मेडल के मजबूत दावेदार मानल जात रहे। टीम अपना प्रदर्शन से एकरा के सही साबित कइलस आ गोल्ड मेडल मुकाबला तक सानदार खेल देखवलस।
ग्रुप स्टेज में भारतीय महिला कबड्डी टीम के दमदार प्रदर्शन देखे के मिलल। एकरा बाद सेमीफाइनल मुकाबला टीम एकतरफा अंदाज में जीत लेलस। हालांकि गोल्ड मेडल मुकाबला में ईरान के टीम भारत के कड़ा टक्कर देलस।
पहिलका हाफ में एक समय दुनु टीम 7-7 के बराबरी पs रहल। एकरा बाद भारतीय खिलाड़ी आपन खेल आउर आक्रामक कइल लो। भारत ईरान के एक बेर ऑल आउट करे में सफल रहल आ पहिलका हाफ के समाप्ति पs 22-16 के बढ़त बना लेलस।
दूसरका हाफ में ईरान कइलस जोरदार वापसी
गोल्ड मेडल मुकाबला के दूसरा हाफ बहुते रोमांचक रहल। ईरान के टीम जोरदार वापसी करत भारतीय टीम के ऑल आउट कs देलस। एहसे भारत के बढ़त बहुते कम हो गइल आ मुकाबला आउर रोमांचक हो गइल। हालांकि भारतीय टीम दबाव में ना आइल आ फेर दमदार वापसी करत ईरान के ऑल आउट कs देलस। मैच के आखिरी समय तक भारतीय टीम आपन बढ़त कायम रखलस।
अंत में स्कोर 37-34 रहल आ भारतीय महिला कबड्डी टीम ईरान के हराके गोल्ड मेडल अपना नामे कs लेलस। एह जीत के संगे भारतीय टीम एशियन गेम्स 2026 में कबड्डी के मैदान पs इतिहास रच देलस।







No comments yet. Be the first to comment!